Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणबजट 2021:- जानी का बा सबका खातिर ए बजट में

बजट 2021:- जानी का बा सबका खातिर ए बजट में

नई दिल्ली:- अबकी बार के बजट में कोरोना वैक्सीन के खातिर 35 हजार करोड़ रुपये का प्रावधान कईल गईल बा. अबही दू वैक्सीन देश में बा और दू गो वैक्सीन जल्द ही जारी होई. वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण कहले बानी कि इ बजट में बुनियादी ढ़ांचा के मजबूत करे पे जोर दिहल गइल बा.

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण सोमवार के संसद में देश का आम बजट पेश कईली. बजट में कईल गईल प्रस्ताव छह मुख्य केंद्रों पर आधारित बा. एहिमे स्वास्थ्य और सुख-सुविधाएं, भौतिक और वित्तीय पूंजी तथा बुनियादी ढांचा, आकांक्षी भारत के खातिर समावेशी विकास, मानव पूंजी, नवप्रवर्तन अउर अनुसंधान एवं विकास, न्यूनतम शासन कारगर शासन शामिल बा.

बजट के मुताबिक, सरकार 20,000 करोड़ रुपये के पूंजी के साथ विकास वित्त संस्थान गठित करी. स्वैच्छिक वाहन कबाड़ नीति के तहत पुरान वाहन के हटावे के पड़ी. व्यक्तिगत उपयोग वाला वाहनन के खातिर 20 साल बाद फिटनेस जांच के प्रस्ताव. संभावित पुरानी ढांचागत संपत्तियों के बाजार प चढ़ावे के खातिर राष्ट्रीय मौद्रीकरण कार्यक्रम. डिजिटल तरीका से पहली जनगणना के खातिर 3,726 करोड़ रुपये का प्रावधान कईल गईल बा.

बजट 2021 के 21 बड़ बात

1. राजकोषीय और स्वास्थ्य मद पर खर्च …स्वास्थ्य क्षेत्र पर खर्च 137 प्रतिशत बढ़ाकर 2.23 लाख करोड़ रुपये कईल गईल.

2. एक अप्रैल से शुरू अगले वित्त वर्ष में कोरोना वैक्सीन के खातिर 35,000 करोड़ रुपये के व्यय का प्रावधान.

3. देश में कोरोना से बचाव के खातिर दो वैक्सीन उपलब्ध, दो और वैक्सीन जल्दी ही जारी कईल जाई.

4. अगले वित्त वर्ष में पूंजी व्यय उल्लेखनीय रूप से बढ़ाकर 5.54 लाख करोड़ रुपये कईल गईल जे चालू वित्त वर्ष में 4.39 लाख करोड़ रुपये रहल.

5. चालू वित्त वर्ष के खातिर राजकोषीय घाटा 9.5 प्रतिशत के अनुमान जे बजटीय अनुमान 3.5 प्रतिशत से कहीं अधिक बा.

6. अगले वित्त वर्ष के खातिर राजकोषीय घाटा 6.8 प्रतिशत के अनुमान. सरकार 12 लाख करोड़ रुपये कर्ज ली.

7. सरकार 2025-26 तक राजकोषीय घाटा 4.5 प्रतिशत के नीचे लावे के खातिर प्रतिबद्ध.

8. कर प्रस्ताव: 75 साल से अधिक के वरिष्ठ नागिरकों के खातिर आईटीआर (आयकर रिटर्न) भरल अनिवार्य नइखे, बैंक टीडीएस (स्रोत पर कर कटौती) कटिहे.

9. आयकर मामलों के दोबारा से खोले के खातिर समयसीमा आधा कर 3 साल कईल गईल. गंभीर धोखाधड़ी मामला में इ 10 साल बा.

10. आयकर रिटर्न भरे वालन के संख्या बढ़कर 2020 में 6.48 करोड़ भईल जे 2014 में 3.31 करोड़ रहल.

11. सोना, चांदी डोर बार (सोने और चांदी की मिश्र धातु) प कृषि बुनियादी ढांचा उपकर 2.5 प्रतिशत, सेब प 35 प्रतिशत लागल बा.

12. बजट में काबुली चना प 30 प्रतिशत, मटर प 10 प्रतिशत, बंगाल चना प 50 प्रतिशत, मसूर प 20 प्रतिशत, कपास प 5 प्रतिशत प कृषि बुनियादी ढांचा उपकर. …पेट्रोल प 2.5 रुपये प्रति लीटर और डीजल प 4 रुपये प्रति लीटर के उपकर लागल बा.

13. नया कृषि बुनियादी ढांचा विकास उपकर दो फरवरी से लागू होई.

14. कर विभाग प्रवासी भारतीयों (एनआरआई) के दोहरे कराधान से होखे वाला समस्याओं के दूर करे के खातिर नियम के अधिसूचित होई. शुरुआत करे के खातिर अवकाश, पूंजीगत-लाभ कर छूट एक साल के खातिर बढ़ावल गईल….विमान पट्टे पे देवे वाला कंपनी, प्रवासी मजदूरन के खातिर अधिसूचित सस्ता मकान के खातिर कर छूट.

15. सस्ता मकान के खातिर ब्याज भुगतान प 1.5 लाख रुपया के छूट एक साल के खातिर बढ़ावल गईल.

16. डिजिटल तरीका से अपन ज्यादातर काम करे वाला कंपनियन के खातिर कर ऑडिट छूट के सीमा दोगुना कर 10 करोड़ रुपये कईल गईल.

17. सीमा शुल्क में पुरानी चार सौ छूटों के समीक्षा के प्रस्ताव, अक्टूबर 2021 से इसपर गहन विचार कईल जाई.

18. वाहनों के कुछ कल-पुर्जों, सौर उपकरण प सीमा शुल्क बढावल गईल बा .

19. आबंटन और सुधार: बीमा क्षेत्र में एफडीआई 49 प्रतिशत से बढ़कर 74 प्रतिशत कईल गईल बा .

20. विनिवेश लक्ष्य 1.75 लाख करोड़ रुपये रखल बा.

21. जे भी कंपनी के विनिवेश होई, बीपीसीएल, आईडीबीआई बैंक, सार्वजनिक क्षेत्र के दो और बैंकों तथा एक बीमा कंपनी शामिल बा. अगले वित्त वर्ष में सार्वजनिक क्षेत्र के बैंकों में 20,000 करोड़ रुपये के पूंजी डाले के बा. बजट में 64,180 करोड़ रुपये के आबंटन के साथ आत्मनिर्भर स्वास्थ्य कार्यक्रम शुरू कईल गईल.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments