Friday, May 3, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणग्लेशियर टूटल, उत्तराखंड के चमोली में आइल सैलाब, 14 शव बरामद; 170...

ग्लेशियर टूटल, उत्तराखंड के चमोली में आइल सैलाब, 14 शव बरामद; 170 लापता

न्यूज़ डेस्क : अल्मोड़ा

उत्तराखंड में ग्लेशियर टूटे के बाद लोगन के बचावे के कोशिश दिन-रात जारी बा. चमोली में रविवार के सुबह ग्लेशियर टूटे के बाद आइल सैलाब अब तक 14 लोगन के जान ले लिहले बा जबकि अबहूँ कई लोग मलबा  और टनल में फंसल बाने जिनके सुरक्षित बाहर निकाले खातिर एनडीआरएफ और वायुसेना के टीम दिन-रात काम करत बिया .

ग्लेशियर टूटे के कारण आइल एवेलांच से अलनकनंदा और धौलीगंगा नदियन में भयंकर बाढ़ आ गईल बा. बाढ़ यहां पर पांच पुलन के बहा ले गईल और रास्ते में आवे वाले घरन , पास के NTPC पावर प्लांट और एक छोटे हाइड्रो पावर प्रोजेक्ट ऋषिगंगा के बुरी तरह क्षतिग्रस्त कर दिहले बिया . इ आपदा में अब तक 14 लोगन की मौत हो गइल बा , उहें लगभग 170 लोग लापता बाने . 

NTPC प्रोजेक्ट साइट पर दो टनल बा । पहली टनल में फंसल 16 लोगन के रेस्क्यू कियल जा चुकल बा । दूसर टनल में 30 वर्कर्स फंसल बाने। ढाई किलोमीटर लंबी इ टनल में रविवार के रात पानी बढ़ जाये के बाद रेस्क्यू ऑपरेशन रोक दिहल गइल रहल । NDRF की टीम सोमवार सुबह जलस्तर घटे के बाद ऑपरेशन फिर से शुरू कर दिहलस। इ टनल के 100 मीटर हिस्से से मलबा हटा दिहल गइल बा।

तपोवन में रविवार सुबह 10 बजे ग्लेशियर टूटकर ऋषिगंगा नदी में गिरे के बाद इ हादसा भइल । इससे बेतहाशा बाढ़ के हालात पैदा हो गइल और धौलीगंगा पर बन रहल बांध बह गइल । ऋषिगंगा हाइड्रो पावर प्रोजेक्ट और सरकारी कंपनी NTPC के प्रोजेक्ट तबाह हो गइल । ऋषिगंगा प्रोजेक्ट में 32 वर्कर्स लापता बाने । इहां से 5 किलोमीटर दूर NTPC के प्रोजेक्ट पर हादसे के वक्त 176 मजदूर ड्यूटी पर थे। इनमें से 121 लापता हैं।

तपोवन NTPC पावर प्रोजेक्ट की सुरंग में 30 मजदूरों के फंसे होवे की जानकारी बा , जिनके निकाले के कोशिश जारी बा.राष्ट्रीय और राज्य की आपदा प्रबंधन की टीम सहित इहां पर ITBP की टीम भी लगल बिया.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments