Thursday, May 16, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणजम्मू-कश्मीर में सुरक्षाबलों व आतंकियन के बीच दो जगह मुठभेड़ जारी

जम्मू-कश्मीर में सुरक्षाबलों व आतंकियन के बीच दो जगह मुठभेड़ जारी

न्यूज़ डेस्क नई दिल्ली

जम्मू-कश्मीर में दो जगहों पर आतंकियों और सुरक्षाबलन के बीच मुठभेड़ चलत बा , एक जगह पर सुरक्षाबल के लोगन द्वारा दो आतंकियन के मार गिराइल गइल बा ।दक्षिण कश्मीर के अवंतीपोरा में हिजबुल मुजाहिदीन कमांडर के पैतृक गांव बेगीपोरा में आतंकवादियन और सुरक्षाबलन के बीच मुठभेड़ जारी बा । मुठभेड़ में रियाज नाइकू के मारे जाये के सूचना बा , परंतु अधिकारिक तौर पर एकर पुष्टि ना भइल बा । दोनों ओर से गोलीबारी अभी भी जारी बा । उहें पुलिस के कहना बा कि मारल गइल आतंकवादी के शव मुठभेड़ स्थल पर जमीन पर गिरल बा , लेकिन ओकर पहचान शव के कब्जे में लेवे के बाद ही सार्वजनिक करल जाई । 

दरअसल, खुफिया एजेंसियन के दक्षिणी कश्मीर के पुलवामा जिले के शार गांव में आतंकियन के छिपे होवे के जानकारी मिलल रहल जेकरा बाद बाद सुरक्षाबल उ इलाके के घेर लिहलस । सेना के एक अधिकारी बतइने कि घेरा सख्त होवे पर आतंकी हमला बोल दिहने , जेपर सेना भी करारा जवाब दिहलस । अभी तक दो आतंकियन के मार गिराइल गइल बा । अभियान अबहीन जारी बा है। 
उहें , दूसर मुठभेड़ पुलवामा जिले के बेगपुरा में चलत बा । यहां हिजबुल मुजाहिदीन के आतंकी रियाज नायकू के छिपे होवे के सूचना मिलल रहल । जेकरा बाद सुरक्षाबल तुरंत इलाके के घेराबंदी कर दिहलस। फिलहाल रियाज नायकू घिर गइल बा । दोनों तरफ से फायरिंग चलत बा ।

सोमवार के उत्तरी कश्मीर के कुपवाड़ा जिले में भइल आतंकी हमला में सीआरपीएफ के तीन जवान शहीद हो गइल रहने । हमले में चार जवान घायल भी भइल रहने । कार सवार दहशतगर्द सीआरपीएफ पार्टी के निशाना बनाते हुए अंधाधुंध फायरिंग कइले रहने । सीआरपीएफ जवानन के जवाबी कार्रवाई से दहशतगर्द मौके से भाग निकलल रहने ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments