Friday, May 3, 2024
Homeयुवाडीआरडीओ में काम करे क मौका,आठ सौ वैज्ञानिकन के भर्ती के तैयारी

डीआरडीओ में काम करे क मौका,आठ सौ वैज्ञानिकन के भर्ती के तैयारी

रक्षा क्षेत्र में आत्मनिर्भर भारत अभियान पर विशेष फोकस बढ़ावे के खातिर कई स्तर पर कार्य हो रहल बा। एही कड़ी में रक्षा अनुसंधान एवं विकास संगठन (DRDO) में बड़े पैमाने पर वैज्ञानिकों के रिक्त पदन के भरे के तैयारी कयल जा रहल बा। DRDO में वैज्ञानिकन के आठ सौ से अधिक पद रिक्त बा जेपर ए साल भर्ती कयल जाई।

रक्षा मंत्रालय से मिलल जानकारी के अनुसार DRDO में वैज्ञानिकन के कुल 7773 पद सृजित बा। जेमन से 6959 पद भरल बा अउर 814 पद अभी रिक्त बा। ई कुल संख्या के करीब दस फीसदी बा। रक्षा मंत्रालय के कहना बा कि ए साल वैज्ञानिकन के रिक्तियों के भर देबल जाई। जेकरे खातिर भर्ती प्रक्रिया शुरू कयल जा रहल बा। हाल ही में वित्त मंत्रालय 434 पदन पर भर्ती के स्वीकृति भी प्रदान कर देले बा। बाकी पदन के खातिर भी अनुमति हासिल करे के प्रक्रिया शुरू कयल जा रहल बा।

यह भी पड़ें: घरेलू रक्षा उद्योग के बढ़ावा देबे के तैयारी: डीआरडीओ निजी क्षेत्र के देलस मिसाइल सिस्टम विकसित करे के अनुमति

DRDO के देश भर में कुल 52 प्रयोगशाला बा। ई पूरा भर्ति अलग-अलग प्रयोगशालाओं में होंई अउर कई क्षेत्रन के वैज्ञानिकन के भर्ती कयल जाई। बता देहीं कि DRDO रक्षा तकनीक के अलावा आम लोगन के लिए भी उपयोगी जैव प्रौद्यौगिकी आदि में अनुसंधान करावे ला। हाल में पेश भाईल संसदीय समिति के रिपोर्ट में मंत्रालय के तरफ से बतावल गयल कि ई भर्ति सेवानिवृत्त होखे वाले वैज्ञानिकन के जगह पर होखे वाले भर्तियन के अलावा होंई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments