Thursday, May 16, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकेरला विमान हादसे में अब तक 18 लोगन के मौत.

केरला विमान हादसे में अब तक 18 लोगन के मौत.

न्यूज़ डेस्क : नई दिल्ली

केरल के कोझिकोड में विमान हादसे  में अब तक 18 लोगन के मौत हो चुकल बा जबकि 24 अन्य गंभीर रुप से घायल बतावल जात बाने . देर रात तक चलल बचाव अभियान में  में सभी घायलन के प्लेन से बाहर निकाला जा चुकल रहे , घायलन के इलाज कोझिकोड के अलग-अलग अस्पतालन में चलत बा .  

आप लोगिन के बता दिहल जा किए विमान वन्दे भारत मिशन के तहत दुबई से केरला आवत रहल और कल रात भारी बारिश के कारण रनवे से फिसल के दू टुकडा में टूट गइल.

जानकारी के अनुसार नागर विमानन मंत्रालय हरदीप सिंह पुरी , कोझीकोड विमान दुर्घटना के जांच के आदेश दिहले बाने आज उ घटना स्थल के दौरा भी कइलें . पुरी कहले की ” इस मामले में एयरक्राफ्ट एक्सीडेंट इन्वेस्टिगेशन ब्यूरो (AAIB) एक औपचारिक जांच करेगी.” AAIB, नागर विमानन मंत्रालय के एक विभाग ह , जउन कि देश में विमान दुर्घटना के जांच करेला .

आप लोगिन के जानकारी खातिर बता दिहल जा कि जिस रनवे पर इ हादसा भइल, उ  टेबल टॉप रनवे में शुमार होला . हादसे से पहले रनवे के जे प्वाइंट पर विमान के उतरे के रहल , वह ओसे एक किलोमीटर बाद उतरलस , जेसे विमान के संतुलन बिगड़ गइल और इ हादसा हो गइल , विमान तेज आवाज के साथ दो बड़े टुकड़न में टूट गइल और यात्रियन के समझ में ना आइल कि का भइल . हवाईजहाज रनवे से फिसलकर 35 फुट नीचे गिर गइल और दो हिस्सन में टूट गइल.

इ हादसा में कैप्टन दीपक वसंत साठे और सह पायलट अखिलेश कुमार के मौत हो गइल. घटना में अबतक 18 लोग मारल गइल बाने , जबकि 24 से ज्यादा लोग घायल बाने. 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments