Sunday, May 19, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणमहाराष्ट्र: नागपुर में 15 मार्च से लॉकडाउन, केस में बढ़ोतरी के बाद...

महाराष्ट्र: नागपुर में 15 मार्च से लॉकडाउन, केस में बढ़ोतरी के बाद फैसला

महाराष्ट्र में कोरोना वायरस संक्रमण के मामला में बढ़ोतरी के बाद नागपुर के शहरी इलाकन में 15 मार्च से पूरी तरह लॉकडाउन लगा देबल जाई। जिले के प्रभारी मंत्री नितिन राउत गुरुवार के कहलन कि शहरी इलाके में 15 से 21 मार्च से पूर्ण लॉकडाउन लगावल जाई। हम आपलोगन के बता देहीं की एकरा से पाहिले पिछले महीना से ही सात मार्च तक जिला के कुल स्कूल, कॉलेज, कोचिंग संस्थान के बंद कर देबल गईल बा। वहीं, बाजारों के शनिवार और रविवार के खोले के अनुमति मिलल रहे, लेकिन अब पूरी तरह से लॉकडाउन के ऐलान कर देबल गईल बा। राज्य में पहले से ही सामाजिक, राजनीतिक और धार्मिक कार्यक्रमों में जमावड़े पर रोक लगा देबल गइल बा।

महाराष्ट्र में बुधवार के कोरोना वायरस संक्रमण के एक दिन में सबसे अधिक 13,659 नया मामला सामने आने के बाद संक्रमित लोगन के कुल संख्या बढ़कर 2252057 हो गईल बा। स्वास्थ्य अधिकारी यह बात के जानकारी देहलें कि 54 और रोगिन के मौत के बाद मृतकों के कुल संख्या 52,610 हो गईल बा। वहीं, नागुपर में कोरोना वायरस संक्रमण के अभी तक कुल 243726 मामला सामने आ चुकल बा। जिला में महामारी से अभी तक 4,877 लोगों के मौत हो गइल बाटे।

राज्य में पिछले साल आठ अक्टूबर के कोरोना वायरस संक्रमण के 13,395 मामला सामने आइल रहे। ओकरे बाद से संक्रमण के रोज के मामला में गिरावट देखल गइल रहे। बुधवार के 9,913 लोगन के ठीक भइले के बाद संक्रमण से उबरे वाले लोगन के संख्या 20,99,207 हो गईल बा। राज्य में उपचाराधीन रोगियन के संख्या 99,008 बाटे। मुंबई में कोविड-19 रोगियन के संख्या बढ़कर 3,37,134 हो गईल बा साथ में पांच रोगियों के मौत के बाद मृतकन के संख्या 11,515 तक पहुंच गईल।


LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments