Friday, May 17, 2024
Homeराजनीतिजेड प्लस सुरक्षा, 18 गाड़ियां, एडवांस पायलट कार..फिर भी ममता पर हमला?...

जेड प्लस सुरक्षा, 18 गाड़ियां, एडवांस पायलट कार..फिर भी ममता पर हमला? BJP उठईलस सवाल.

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी पर भईल कथित हमला के जांच शुरू हो गईल बा. वहीँ पूरा मामला पर भारतीय जनता पार्टी कइगो गंभीर सवाल उठइले बा. बीजेपी ममता बनर्जी के सुरक्षा में तैनात एडीजी स्तर के दो अधिकारिन विवेक सहाय और ज्ञानवंत सिंह पर लापरवाही बरते के आरोप लगईले बा.  

हालांकि, मुख्यमंत्री ममता बनर्जी पुरे मामला पर स्थानीय पुलिस अधीक्षक पर आरोप लागौले बाड़ी कि घटना स्थल पर कौनो भी स्थानीय पुलिसकर्मी मौजूद नाहीं रहलें.  वहीं, बीजेपी के कहना बा कि ममता के समर्थन में भीड़ जुटाने के खातिर डीएम और एसपी पुलिस स्टेशन में मीटिंग करत रहलें.  

बीजेपी जवाने दुनो आईपीएस अधिकारियों पर लापरवाही के आरोप लागावत बाटे, उनकर नाम विवेक सहाय (डायरेक्टर, सुरक्षा) और ज्ञानवंत सिंह (एडिशनल डायरेक्टर, सुरक्षा) हउवे. दुनो एडीजी रैंक के अफसर बाने, जबकि पूर्व मिदनापुर के एसपी प्रवीण प्रकाश बाने. पूरा मामला में चुनाव आयोग कल (शुक्रवार) शाम 5 बजे तक रिपोर्ट तलब कइले बा.  

बीजेपी के कहना बाटे कि विवेक सहाय सीएम के सुरक्षा के प्रभारी अधिकारी बने और ज्ञानवंत सिंह टीम के हिस्सा बाने, चुनाव के घोषणा के बाद दोनों अधिकारियों के ममता के सुरक्षा का जिम्मा देबल गईल रहे, ममता के पास अन्य स्थानीय पुलिस के जाये के अनुमति नाहीं रहे, आप लोगन के बता देहीं कि चुनाव आयोग डीजीपी वीरेंद्र के हटा देहले बाटे. 

टीएमसी नेता पार्थ चटर्जी के कहले रहलन कि वीरेंद्र के उनके पद से हटउला के बाद यह घटना घटना भईल रहे. वहीं, बीजेपी ममता बनर्जी के सुरक्षा पर सवाल पुछले बा. बीजेपी के कहना बा कि ममता बनर्जी के जेड प्लस सुरक्षा में कुल 18 गाड़ियां रहेली, 4 पायलट कार सबसे आगे रहेलन. उनकर कार एडवांस सिक्योरिटी कार हउवे फिर हमला कईसे हो गईल. 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments