Wednesday, May 22, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणलखनऊ में चिनहट के चंदन हॉस्पिटल की 28 वर्षीय नर्स को...

लखनऊ में चिनहट के चंदन हॉस्पिटल की 28 वर्षीय नर्स को हुआ कोरोना

न्यूज़ डेस्क :लखनऊ (रोहित बाजपेई )

उत्तर प्रदेश में कोरोना का प्रकोप बढ़ते जात बा । जहां सूबे के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ खुद युद्धस्तर पर एकर मोर्चा संभालले बाने । तब्बो एकर रफतार मे कउनो कमी नाहि आवत बा. रोज नया मरीज मिले के सिलसिला जारी बा.

संकटकाल में राजधानी लखनऊ में स्वास्थ्य विभाग के भी  बड़ी लापरवाही सामने आईल बा ।लखनऊ में चिनहट के चन्दन हास्पिटल की 28 वर्षीय 1 नर्स कोरोना पाजिटिव मिलल बिया , आप के मालूम होवे के चाहीं कि अबे कुछ दिन पहिले 25 अप्रैल के इहा से 2 कोरोना पाजिटिव मरीज मिलले रहने. आसंका बा कि इ नर्स भी उन लोगिन से ही संक्रमित भइल बिया .

पहली बार कोरोना पाजिटिव मिले पर ही स्वास्थ्य विभाग अगर इ हास्पिटल के सारा स्टाफ के कोरोना टेस्ट करवा लेहलत त इ नौबत न आवत .

इ खबर पर जब भोजपुर लाइव लखनऊ के संवाददाता रोहित बाजपेई ने CMO डॉ. नरेंद्र अग्रवाल से संपर्क कइने त  उभी  कउनो जवाब देवे से साफ इन्कार कर दिहलें ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments