Thursday, May 9, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणमहाकुंभ 2021 के पहला शाही स्नान : अभी तक 22 लाख लोग...

महाकुंभ 2021 के पहला शाही स्नान : अभी तक 22 लाख लोग स्नान कईलें.

आज महाशिवरात्रि के मौके पर महाकुंभ क पहला शाही स्नान बा। हरिद्वार में हरकी पौड़ी पर शाही स्नान करे के खातिर श्रद्धालुअन के सैलाब उमड़ बा। आईजी कुंभ संजय गुंज्याल क दावा बा कि बुधवार रात 12 बजे से अब तक 22 लाख से ज्यादा लोग स्नान कर लेहलें बाने। संत लोगन के स्नान से पाहिले सुबह करीब सात बजे हरकी पैड़ी घाट खाली करवा दिहल गईल। सुबह 11 बजे से अखाड़ों के संत स्नान करिहन। तबे से शाही स्नान के शुरुआत मानल जाई। श्रद्धालु हरकी पैड़ी के क्षेत्र के छोड़ के दुसरे घाटन पर स्नान करिहें।

महाशिवरात्रि पर्व और महाकुंभ के पाहिले शाही स्नान पर हरिद्वार में श्रद्धालुअन क जनसैलाब उमड़ रहे। देर रात से हाईवे जाम बा और श्रद्धालु पैदल गंगा घाट पर पहुंचत बाने। सुबह तड़के से ही हरकी पैड़ी पर जबरदस्त भीड़ लागल बा।

श्रद्धालु हरकी पैड़ी पर डुबकी लगा के भगवान शंकर के जलाभिषेक करिहन। सुबह 11:00 बजे से हरकी पैड़ी पर ब्रह्मकुंड में संत लोगन के शाही स्नान होई। संतों के स्नान शुरू भईला पर हरकी पैड़ी के घाट पर श्रद्धालु लोगन क प्रवेश बंद कर दिहल गईल बा।  कुंभ के शुरुआत एक अप्रैल से होई।

हरिद्वार में आवे वाले हर व्यक्ति के कुंभ मेला पोर्टल पर पंजीकरण और 72 घंटे पाहिले के कोविड निगेटिव रिपोर्ट लिआवे के पड़ी। एसओपी लागू होखे के अवधि से पाहिले हरिद्वार आकर होटलों, धर्मशाला और आश्रमों में ठहरे वाले लोगन के भी कोविड जांच होई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments