Sunday, April 28, 2024
Homeयुवाअब बिना लिखित परीक्षा के मिली सरकारी नौकरी, का बा प्रावधान ?

अब बिना लिखित परीक्षा के मिली सरकारी नौकरी, का बा प्रावधान ?

न्यूज़ डेस्क दिल्ली: केंद्र सरकार अपने अधिकांश मंत्रालयों अउर विभागन में छोट-बड़ अनेक पदन पर बिना कउनो लिखित परीक्षा के नौकरी दे रहल बा। शारीरिक परीक्षा अउर मेडिकल जांच में भी छूट दे दीहल गईल बा। सेलरी के बात करीं, त 75 हजार रुपये प्रति माह निर्धारित कईल गईल बा। ड्यूटी क समय सुबह नौ बजे से लेकर शाम साढ़े पांच बजे तक रही। शर्त खली इ बा कि इ नौकरी खली रिटायर्ड लोगन के ही मिली।

भारत सरकार में सेक्शन अफसर और सहायक सेक्शन अफसर के पद से रिटायर भईल अधिकारियन के कृषि मंत्रालय ‘कंसलटेंट’ के नौकरी दे रहल बा। दूसर मंत्रालय भी नई भर्ती के बजाए ‘कंसलटेंट’ के भर्ती करे पर विचार कर रहल हउवें।

कृषि मंत्रालय के डीएसीएंडएफडब्ल्यू के बायो-स्टीमुलेंट्स सेल में कई पद खाली रहलें। जेके रिटायर्ड अधिकारियों के जरिए अनुबंध आधार पर भरे क योजना बनवल गईल बा। सीनियर कंसलटेंट के जॉब के खातिर केंद्र या राज्य सरकार के कृषि संस्थान में बीस साल के कार्य क अनुभव होखे के चाही। सेलरी 75 हजार रुपये प्रति महीना मिली।

सेक्शन अफसर स्तर के कंसलटेंट के खातिर कउनो भी मंत्रालय क कार्य अनुभव तय करल गयल बा। सहायक सेक्शन अफसर स्तर के सलाहकार के खातिर भी रिटायर्ड अधिकारी का चयन करल जाई। इनकर जॉब एक साल के खातिर रही। हालांकि एमन एक साल के सेवा विस्तार देवे क प्रावधान रखाल गयल बा। इ सेवा विस्तार उनके कामकाज के रिपोर्ट पर आधारित रही।

इनके कार्यकाल के दौरान वेतन कम नहीं होई। हालांकि सामान्य वेतन वृद्धि, डीए अउर एचआरए नहीं मिली। नौकरी के अनुबंध में आवास के सुविधा के शामिल नाहीं करल गिल बा। प्रत्येक माह के पूरा भईले पर कार्मिक 1.5 दिन के हिसाब से पेड लीव ले सकेला।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments