Friday, May 10, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणयूपी में वीकेंड लॉकडाउन के दायरा बढ़ल, अब शुक्रवार रात 8...

यूपी में वीकेंड लॉकडाउन के दायरा बढ़ल, अब शुक्रवार रात 8 बजे से मंगलवार सुबह 7 बजे तक लॉकडाउन

लखनऊ: बढ़ते कोरोना संक्रमण (Corona Infection) के ध्यान में रखके सूबे के योगी सरकार (Yogi Government) बड़ा फैसला लेले बा. वीकेंड लॉकडाउन (Weekend Lockdown) के दायरा एक दिन और बढ़ा देबल गयल बा. अब शुक्रवार शाम 8 बजे से मंगलवार सुबह 7 बजे तक लॉकडाउन रही. दरअसल, वीकेंड लॉकडाउन के बाद से कोरोना संक्रमण के रफ़्तार में कमी देखले के मिल रहल बा, लिहाजा तीन दिन के लॉकडाउन पूरे प्रदेश में लगावल गयल बा. ए दौरान सभी आवश्यक सेवा जारी रही. बेवजह घूमें वाले से सख्ती से निपटल जाई.

दरअसल, सरकार संपूर्ण लॉकडाउन से इनकार कर देले बा, लेकिन तेजी से फैलत कोरोना संक्रमण के देख के अब धीरे-धीरे एके बढ़ावल जा रहल बा, ताकि संक्रमण के चेन के तोड़ाल जा सके अउर आम जनता भी पैनिक न हो.

पिछले चार दिनों से मामलन में गिरावट

गौरतलब बा कि 4 दिन से यूपी में कोरोना संक्रमण के मामला में गिरावट देखे के मिलल बा. उत्तर प्रदेश में 24 घंटे के अंदर 29824 नए मरीज मिललें, जबकि कोरोना के जंग जीत के घर जाए वालन के संख्या अब बढ़ गईल बा. 35903 लोग डिस्चार्ज होके अपने घर चल गयल बाने. ए दौरान 266 मरीजन के मौत भायल बा.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments