Wednesday, May 1, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपकिस्तान LOC पर कईलस 100 कमांडो तैनात

पकिस्तान LOC पर कईलस 100 कमांडो तैनात

धारा 370 हटला के बाद  भारत अउर पाकिस्तान के बीच तनाव बढ़त जात बाने । पाकिस्तान नियंत्रण रेखा यानी एलओसी पर 100 कमांडो तैनात कई दिहले बाने । पाक  भारतीय सैनिकन के खिलाफ ओहि तरह के हरकत कईल चाहत बा जउन उनकर बदनाम बैट दस्ता करत आयील बा । एह कमांडोज के साथ जैश-ए-मोहम्मद के आतंकी भी बाने । भारतीय सेना दुश्मन के हरकतन पर पैनी नजर रख रहल बा ।

न्यूज़- सुप्रीम कोर्ट धारा- 370 के लेके केंद्र के दिहले नोटिस

भारतीय सैन्य सूत्रों के हवाले से पता चलल बा कि , पाकिस्तानी सेना के कमांडोज के साथ जैश अउर दूसरे आतंकी संगठन के प्रशिक्षित आतंकी भी बाने । पाकिस्तानी कमांडो सीमा पर लगातार गोलीबारी कर रहल बाने | लेकिन भारतीय सेना के जवाबी कार्रवाई में उनके अब तक काफी नुकसान भईल बा । सेना ने सर क्रीक रेखा के आसपास भी पाकिस्तानी कमांडोज के हरकतन के नोट कईले बा । एह क्षेत्र पर भी पैनी नजर राखल जा रहल बा ।

मिलल जानकारी के अनुसार सेना के खुफिया सूत्र जानकारी दिहले बा कि जैश ने लीपा घाटी में अफगानिस्तान के 12 जिहादी भेजले बाने | जउन घुसपैठ के कोशिश कर रहल बा । ये जिहादी भारतीय सेना के ठिकानन पर हमला कईले के साजिश कर रहल बा । एक जानकारी के मुताबिक, जैश के कमांडर मसूद अजहर के भाई रऊफ अजहर एह आतंकि लोगन के साथ 19 अउर 20 अगस्त के बहावलपुर में मीटिंग कईले रहे । ये आतंकी भारत के बड़े शहर के अहम ठिकाना पर हमले के फिराक में बाने । पाकिस्तानी सेना के कोशिश बा कि एह आतंकि से भारतीय सेना पर भी हमला करावल जा । अफगानी आतंकि के पाकिस्तानी सेना कश्मीरियों के जगह इस्तेमाल कईल चाहत बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments