Wednesday, May 15, 2024
Homeराजनीतिसुप्रीम कोर्ट धारा- 370 के लेके केंद्र के दिहले नोटिस

सुप्रीम कोर्ट धारा- 370 के लेके केंद्र के दिहले नोटिस

जम्मू कश्मीर के विशेष दर्जा खत्म करे वाले संविधान संशोधन पर आज सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई होइ | सुनाई के दौरान कोर्ट सब याचिका पर नोटिस जारी करते हुए पांच जज लोगन के संविधान पीठ के गठन करी | पांच जज लोगन के इ संविधान पीठ अक्टूबर के पहिले हफ्ते में सुनवाई करी | आप लोगन के बता दिहल जा कि सुप्रीम कोर्ट में आज एह मसले से जुड़ल 10 से ज़्यादा याचिका पर एक साथ सुनवाई करी | इनमें अनुच्छेद 370 के बेअसर करे वाले संविधान संशोधन के गलत बतावल गईल बाने |

आप लोगन के बता दिहल जा कि एह फैसले के जम्मू कश्मीर के वर्तमान स्थिति पर कउनो फर्क नाहीं पड़ी | पांच जज लोगन के संविधान पीठ सब याचिका पर अक्टूबर के पहिले हफ्ते में सुनवाई शुरू करी यह सुनवाई कब तक चली , इस पर भी पांच जज लोगन के संविधान पीठ ही फैसला करी एही से इ कहल कि अनुच्छेद 370 पर सुप्रीम कोर्ट के अभीन कउनो बड़ा फैसला आवे वाला बाने जल्दबाजी होइ |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments