Monday, May 20, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणगाजियाबाद , मुरादनगर श्मशान घाट हादसा: मुख्य आरोपी अजय त्यागी गिरफ्तार, E....

गाजियाबाद , मुरादनगर श्मशान घाट हादसा: मुख्य आरोपी अजय त्यागी गिरफ्तार, E. O. निहारिका शर्मा निलंबित

न्यूज़ डेस्क: दिल्ली (एनसीआर)

मुरादनगर श्मशान हादसा के मुख्य आरोपी ठेकेदार अजय त्यागी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया । हादसा के बाद से अजय त्यागी फरार रहल । पुलिस एसे पहिले तीन लोगन के गिरफ्तारी कर लिहले रहल। लेकिन ठेकेदार अजय त्यागी फरार हो गइल रहल। जेकर गिरफ्तारी खातिर गाजियाबाद के एसएसपी ओकरा ऊपर 25 हजार का इनाम रख दिहले रहने । इ हादसा में 24 लोगों की मौत हो चुकल बा ।

मिलल जानकारी के मुताबिक, गाजियाबाद एसएसपी अजय त्यागी की गिरफ्तारी खातिर सोमवार के ही पांच टीमन के लगा दिहले रहने । एही दौरान पुलिस के सूचना मिलल कि अजय त्यागी शहर से बाहर बा । जे पर कार्रवाई करते हुए पुलिस गाजियाबाद के बाहर से अजय त्यागी के गिरफ्तार कर लिहलस । पुलिस मंगलवार के अजय त्यागी के कोर्ट में पेश कर सकेले ।

50 लाख रुपये में अजय त्यागी लिहले रहल टेंडर
श्मशान घाट के जीर्णोद्धार कार्य नगर पालिका के तरफ से कराइल गइल रहल। ठेकेदार अजय त्‍यागी 50 लाख रुपये में इ टेंडर लिहले रहल । बताइल जात बा कि उ पिछले 12 साल से नगर पालिका में ठेकेदारी के काम करत रहल। उ नगरपालिका के बड़ा ठेकेदार बतावल जात बा । जे बरामदे के लिंटर गिरे से इतना लोगन के जान चल गइल , ओकर मात्र 15 महीने पहले ही उद्घाटन भइल रहल ।

पुलिस आरोपी के लेकर देर रात गाजियाबाद पहुंचल . आरोपी के मंगलवार के गाजियाबाद की अदालत में पेश करल जाई . एसे पहले सोमवार के सुबह मुरादनगर नगर पालिका की  निहारिका सिंह, जूनियर इंजीनियर चंद्रपाल और सुपरवाइजर आशीष के गिरफ्तार कर कोर्ट में पेश करल गइल , जहां से सभी के 14 दिन के न्यायिक हिरासत में जेल भेज दिहल गइल .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments