Sunday, April 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषण24 घंटा में रिकॉर्ड 3.32 लाख नया मरीज, लगातार दूसरे दिन आंकड़ा...

24 घंटा में रिकॉर्ड 3.32 लाख नया मरीज, लगातार दूसरे दिन आंकड़ा 3 लाख के पार

हर रोज कोरोना के आंकडा के नए रिकॉर्ड बन रहल बा। पिछले 24 घंटे के अंदर अब तक के सबसे ज्यादा नया मरीज मिलल बाने। ए दौरान 3 लाख 32 हजार 320 लोग पॉजिटिव पावल गयल बाने। लगातार दूसरा दिन देश में एक दिन के अंदर तीन लाख से ज्यादा मरीजों की पहचान भयल बा। एसे पाहिले बुधवार के 3.15 लाख लोग संक्रमित पावल गयल रहले।

दूसरी चिंता के बात बा कि मौतों के संख्या में भी रिकॉर्ड बढ़ोतरी दर्ज हो रहल बा। गुरुवार के एक दिन के अंदर 2,256 मरीजों दम तोड़ देले। कोरोना से एक दिन के अंदर मरे वालन के आंकड़ा सबसे ज्यादा बा। एसे पाहिले बुधवार के 2,101 और मंगलवार के 2,021 मौतें भयल रह।

एके भी पढ़ीं:नासिक के अस्पताल में ऑक्सीजन टैंक लीक, अब तक 22 लोग के मौत

एक दिन के अंदर 1.92 लाख लोग ठीक भइलें
देश में कोरोना मरीजन के ठीक होखे के रफ्तार भी लगातार बढ़ रहल बा। गुरुवार के एक दिन में रिकॉर्ड 1 लाख 98 हजार 180 लोग ठीक भइलें। पिछले साल से लेकर अब तक ठीक होखे वालन क आंकड़ा सबसे अधिक बा। बुधवार के 1.92 लाख लोग रिकवर भइलें।

एक्टिव मरीजों का आंकड़ा अब 25 लाख के पार होगा
देश में एक्टिव केस यानी उ मरीज जिनकर इलाज चल रहल बा, उनकर संख्या आज 25 लाख के पार हो जाई। पिछले 24 घंटा में ऐसे मरीजों के संख्या रिकॉर्ड 1 लाख 37 हजार 671 बढ़ल बा। एकरे पहिले बुधवार के एक दिन के अंदर सबसे ज्यादा 1.34 लाख एक्टिव केस बढ़ल रहे। अब देश में अइसन मरीजों क संख्या 24 लाख 22 हजार 80 हो गईल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments