Wednesday, May 8, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोरोना वैक्सीन के खातिर रजिस्ट्रेशन कईसे होई, 45 साल से ज्यादा उम्र...

कोरोना वैक्सीन के खातिर रजिस्ट्रेशन कईसे होई, 45 साल से ज्यादा उम्र वाले 1 अप्रैल से लगवा सकेले टीका

कोविड-19 वैक्सीनेशन (COVID-19 vaccination) के दूसरे राउंड में प्राइवेट अस्पतालों में भी टीका लगावल जा रहल बा, लेकिन एकरा खातिर आपके चार्ज देबे के पड़ी. हालांकि सरकारी हॉस्पिटलन में कोरोना के टीके बिल्कुल मुफ्त लगावल जा रहल बा. टीका लगवावे के खातिर आपके अपन रजिस्ट्रेशन करवावे के होई.

कोविड-19 महामारी के खिलाफ देश में चलावल जा रहल टीकाकरण के दूसरा चरण 1 मार्च से चल रहल बा. इ चरण में 60 साल से ज्यादा उम्र के लोगन के कोरोना के टीका लगावल जा रहल बा. केंद्र सरकार के ओर से कोरोना से जंग के खिलाफ बड़ा फैसला लेबल गयल बा. 1 अप्रैल से देश में 45 साल से अधिक आयु के लोगन के कोरोना वायरस के टीका लगावल जाई।

10,000 सेंटर्स पर लगावल जाई टीका

कोविड-19 वैक्सीनेशन के दूसरे राउंड में 10 हजार सरकारी केंद्रों पर टीका लगावल जाई जे सरकारी केंद्रन पर टीका लगवावे आई, उनके मुफ्त में टीका लगावल जाई. 20,000 प्राइवेट होस्पिटलन में टीकाकरण के इंतजाम कयल गयल बा. प्राइवेट क्लिनिकन या हॉस्पिटल (private vaccination centre) पर टीका लगवावे के खातिर पैसा देबे के होई.

250 रुपये में लगी कोरोना के टीका (Covid-19 Vaccination Charges )

प्राइवेट हॉस्पिटलन में कोरोना के टीकाकरण के खातिर 250 रुपया के अधिकतम सीमा तय कयल गयल बा, जेमे 150 रुपया टीके के कीमत अउर 100 रुपया सर्विस चार्ज के तौर पर वसूले के अनुमति बा. कोरोना टीका के दो खुराक के खातिर आपके 500 रुपये देबे के होई. राज्यन एवं केंद्रशासित प्रदेशन के सूचित कर देबल गयल.

वैक्सीनेशन खातिर रजिस्ट्रेशन (Registration for Corona Vaccination)

कोरोना के टिका लगावावे के खातिर आपके आपन रजिस्ट्रेशन करवावे के पड़ी. जेकरे खातिर आपके खुद कोविन 2.0 पोर्टल (CO-Win 2.0 portal) पर अपन रजिस्ट्रेशन करववे के पड़ी. आरोग्य सेतु ऐप के जरिये कोविन वेबसाइट पर रजिस्ट्रेशन करा के. आप सीधे वेबसाइट COWIN.GOV.IN पर जा के वैक्सीन के खातिर रजिस्टर्ड करा सककिला. एकरे अलावा आप अपने नजदीक के वैक्सीनेशन सेंटर (vaccination centres) पर जाके रजिस्ट्रेशन करा सकिले.

CO-Win ऐप या वेबसाइट पर जाके. आपना मोबाइल नंबर डाली. अब आपके पास एक OTP आई. OTP दर्ज करके अपना अकाउंट बनाई. आपके आपन नाम, उम्र, लिंग आदि की जानकारी देबे के होई अउर एक फोटो पहचान पत्र अपलोड करेके होई. 60 से ज्यादा उम्र वाले लोग फोन से रजिस्‍ट्रेशन करा सकेले. एकरे खातिर आपके कॉल सेंटर के नंबर 1507 डायल करेके होई.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments