Friday, May 3, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणबंद हो गईल 2000 के नोट के छपाई. सरकार उठावे जात बा...

बंद हो गईल 2000 के नोट के छपाई. सरकार उठावे जात बा बड़ा कदम.

2000 रुपए के नोट के लेके लगातार चर्चा बा कि नोट कबहीं बंद कईल जा सकेला. अब 2000 रुपए के नोट के लेके नया खुलासा भईल बा. भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) 2000 रुपए के नोट के छपाई बंद कर देहले बा. एक आरटीआई के जवाब में खुद आरबीआई ए बात के खुलासा कईलस कि नोटन के छपाई पूरी तरह बंद बा.

इ साल एक भी 2000 रुपए के नोट ना छापल गयल बा. बता देंही की, काला धन पर लगाम लगावे के खातिर पुरान 500 और 1000 रुपए के नोट के साल 2016 में बंद कर दिहल गईल रहे. जेकरे बाद ही बड़ी करेंसी के रूप में 2000 रुपया के नोट के बाजार में लायाल गयल रहे.

फिलहाल, आरबीआई बता देहले बा कि ए वित्त वर्ष 2000 रुपए के नोट नाहीं छापल गयल बा. RBI एगो RTI के जवाब में कहलस कि 2016-17 के वित्त वर्ष के समय 2,000 रुपए के 3,542.991 मिलियन नोट छापल गयल रहे. अगले साल इ 111.507 मिलियन नोट तक कम हो गयल रहे. 2018-19 में बैंक 46.690 मिलियन नोट छापलस अउर वित्त वर्ष 2019-20 में एक भी नोट नाहीं छापल गयल.

2000 रुपये के नोट कम छापले के का बा वजह

आरबीआई और सरकार दुनु ही इ पक्ष में बा कि काले धन पर नियंत्रण रखे खातिर बड़ नोटन (हाई वैल्यू नोट) के धीरे-धीरे सिस्टम से बाहर करके छोटे नोटन के बाजार में बढ़ावल जाए. जेकरा दू फायदा बा. पहिला, बड़ नोट के मार्केट में कम भईले से काले धन पर लगाम लगी. उहें , लोगन के बड़ी वैल्यू वाले नोट के छुट्टा मिले में भी आसानी होई. जानकारन राय मानल जाय त हाई वैल्यू नोट के प्रचलन से बाहर भईले पर काले धन के लेन-देन करल मुश्किल हो जाई ..

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments