Monday, May 6, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणउत्तर प्रदेश में फिर खुलिहें छठी से 8वीं क्लास तक के स्कूल,...

उत्तर प्रदेश में फिर खुलिहें छठी से 8वीं क्लास तक के स्कूल, कोरोना के कारण बंद भइल रहल क्लास

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ (रोहित बाजपाई )

कोरोना संक्रमण का असर राज्य में कम होवत देख उत्तर प्रदेश में स्कूल खोले के ऐलान कर दिहल गइल बा । मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ की सरकार प्रदेश में 10 फरवरी से कक्षा 6 से 8 तक के स्कूल खोले के निर्देश जारी कर दिहले बिया ।

उहें 1 मार्च से कक्षा एक से पांच तक के स्कूल खोलल जाई । बेसिक शिक्षा विभाग ने छह से आठ तक के स्कूलन के 10 फरवरी से खोले के प्रस्ताव भेजल बा , जेके शुक्रवार के योगी कैबिनेट से मंजूरी मिल गइल बा ।

उधर, मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शुक्रवार के कहने कि केंद्र के दिशा निर्देशन के अनुरूप शिक्षण संस्थानों में शैक्षिक कार्य प्रारम्भ करे खातिर कार्यवाही करल जाए . उ कहने कि सर्वप्रथम उच्च एवं माध्यमिक शिक्षण संस्थाओं में और एकरा बाद अन्य सभी विद्यालयन में कक्षा संचालन की कार्यवाही शुरू करल जाए.

मुख्यमंत्री कहने कि कोविड-19 संक्रमण दर के नियंत्रित करे में प्रदेश द्वारा प्राप्त की गई सफलता के आगे भी इसी प्रकार कायम रखे के खातिर सभी उपाय जारी रखल जाई . उ कहने कि इस संबंध में थोड़ी भी लापरवाही भारी पड़ सकेला और एके देखकर पूरी सतर्कता बरतल आवश्यक बा . मुख्यमंत्री शुक्रवार के लखनऊ में लोक भवन में एक बैठक में अनलॉक व्यवस्था की समीक्षा करत रहने .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments