Saturday, May 4, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणSrinagar Terror Attack: बीजेपी नेता के घर पर हमला करे वाला आतंकी...

Srinagar Terror Attack: बीजेपी नेता के घर पर हमला करे वाला आतंकी ढेर

न्यूज़ डेस्क श्रीनगर: कश्‍मीर के पुलवामा जिला में चल रहल एनकाउंटर में लश्‍कर के एक आतंकवादी मारल गयल बा। बतावाल जात बा कि ई उहे आतंकवादी बा जवन श्रीनगर में बुर्का पहनकर बीजेपी नेता के घर पर हमला कईले रहे। ए हमला में एक पुलिसकर्मी के मौत हो गईल रहे। शुक्रवार तड़के ही सुरक्षाबल तीन आतंकवादियन के पुलवामा के काकापोरा इलाके में घेर के रखले रहे अउर अभी भि एनकाउंटर जारी बा।

गुरुवार के लश्‍कर के चार आतंकवादि बीजेपी नेता अनवर अहमद के घर पर हमला कईले रहलें। जेमे उहां तैनात पुलिसकर्मी रमीज राजा के मौत हो गईल रहे, हालांकि बीजेपी नेता इ हमले में बच गईलें। कश्‍मीर रेंज के आईजी विजय कुमार बतईलें कि इनमें से एक आतंकवादी बुर्का पहनकर महिला के आवाज में बतईलस कि उ बीजेपी नेता के इलाका से आयल बा। महिला समझकर पुलिसकर्मियों ने दरवाजा खोलले तब पीछे खडा दूसरे आतंकवादी ने राइफल निकाल ली।

कश्‍मीर मुद्दा के लेके छटपटा रहल बाने इमरान खान , मुजफ्फराबाद में करीहे बड़ी रैली

मामला भांपकर पुलिसकर्मि दरवाजा बंद करेके के कोशिश कईले लेकिन आतंकवादि फायर‍िंग शुरू कर देलें। जेकरे वजह से पुलिसकर्मी रमीज राजा शहीद हो गईले। पुलिसकर्मियों के जवाबी फायरिंग पर आतंकवादी वहां से भाग गईले। बाद में बीजेपी नेता के मकान पर लगल सीसीटीवी कैमरा के फुटेज से आतंकवादियन के पहचान कर लेबल गईल।

पुल‍िस के पता चलल कि ई लश्‍कर के आतंकवादी बाने और श्रीनगर में रहेले। घटना के बाद पुलिस अउर सुरक्षाबलों के संयुक्‍त टीम पुलवामा में घेराबंदी करके 3 आतंकवादियन के घेर लेलस।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments