Friday, May 17, 2024
Homeराजनीतिहरियाणा में खट्टर के मिलल 5 निर्दलीय विधायकन के समर्थन

हरियाणा में खट्टर के मिलल 5 निर्दलीय विधायकन के समर्थन

हरियाणा में सरकार बनावे के लेके खींचातानी के बीच बीजेपी के 5 निर्दलीय पार्टी के समर्थन मिल गईल बा। बीजेपी के हरियाणा में सिर्फ 40 सीटें मिलल रहे अउर 6 सीट के जरुरत रहे। शुक्रवार सुबह तक भारतीय जनता पार्टी के 5 निर्दलीय विधायकन के समर्थन कईले के फैसला कईले बाने , जेहमे गोपाल कांडा भी शामिल बाने।

हरियाणा में बीजेपी अउर कांग्रेस में कड़ी टक्कर के बाद , सरकार बनावे के खातिर बीजेपी जेजेपी से कई सकेला बात

 

मिलल जानकारी के अनुसार गुरुवार देर रात हरियाणा के पांच निर्दलीय विधायक बीजेपी कार्यकारी अध्यक्ष जेपी नड्डा अउर हरियाणा बीजेपी के प्रभारी अउर महासचिव अनिल जैन से मुलाकात कइके हरियाणा में बीजेपी के समर्थन दिहले पर मुहर लगा दिहले। यानी अब बीजेपी के पास कुल 40+5= 45 विधायकन के समर्थन हो गईल बा।

पांच विधायकन के नाम निम्न बाने –

  • रणधीर गोलन- पुंडरी
  • बलराज कुंडू- महम
  • रणजीत सिंह- रानियां
  • राकेश दौलताबाद- बादशाहपुर
  • गोपाल कांडा – सिरसा

Image Credit- Social Media

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments