Friday, May 17, 2024
Homeधर्म कर्मदेश भर में आज मनावल जाई धनतेरस , जाने कईसे...

देश भर में आज मनावल जाई धनतेरस , जाने कईसे होइ माता लक्ष्मी के कृपा

देशभर में आज धनतेरस के पर्व मनावाल जाई। कार्तिक मास के कृष्ण पक्ष के त्रयोदशी के मनाए जाये वाले एह पर्व के हिन्दू परंपरा में खास महत्व हवे। एह दिन विशेष तौर पर धन के देवी माता लक्ष्मी, कुबेर अउर यमराज जी के पूजा विधि विधान से कईल जाला एह दिन अमीर-गरीब सब कुछ न कुछ खरीदारी करेलें। मान्यता हवे कि एह दिन खरीद कईले से माता लक्ष्मी के कृपा पूरे साल बनल रहला। धनतेरस के दिन से ही दिवाली के भी शुरुआत हो जाला।

पूजा के विधि विधान –

धनतेरस के शाम में तिल के तेल से आटा या पीतल के दीप जलायीं। शाम के पूजा में सबसे पहले गणेशजी के पूजा करी अउर एकरे बाद गणेशजी के पूजा अर्चना करी। लक्ष्मीजी के पूजा कईला के बाद भगवान धन्वंतरि अउर यमराज जी के पूजा करी पूजा के बाद दक्षिण दिशा के ओर मुंह करके यमराज को जल दें। पूजा के बाद अनाज के दान करे। आप लोगन के बता दिहल जा कि धनतेरस के दिन गणेशजी के स्थापना कईला से विशेष लाभ मिलला।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments