Friday, May 10, 2024
Homeदिल्ली-NCRसुप्रीम कोर्ट तीन लोगन के शाहीन बाग़ मामला में मध्यस्थ नियुक्त कइलस

सुप्रीम कोर्ट तीन लोगन के शाहीन बाग़ मामला में मध्यस्थ नियुक्त कइलस

 न्यूज़ डेस्क दिल्ली

सुप्रीम कोर्ट तीन लोगन के नागरिकता संशोधन कानून के खिलाफ शाहीन बाग में चल रहल  प्रदर्शन में सरकारऔर  प्रदर्शनकारियों से बातचीत करे और प्रदर्शन के जगह बदलने खातिर मध्यस्थ नियुक्त कइले बिया   .

ए पैनल में सुप्रीम कोर्ट के वरिष्ठ वकील संजय हेगड़े, समाजसेवी  साधना रामचंद्रन और पूर्व IAS और देश के पहले अल्पसंख्यक आयोग के अध्यक्ष वजाहत हबीबुल्लाह शामिल कइल गइल  बाने .

संजय हेगड़े सुप्रीम कोर्ट के वरिष्ठ वकील बाने , जे अपना करियर साल 1989 में शुरू कइने . साल 1996 से 2004 के बीच संजय सुप्रीम कोर्ट में ‘यूनियन ऑफ इंडिया’ के और से मुकदमा देखत रहने  .

साधना रामचंद्रन वरिष्ठ वकील हइ  , जे  मध्यस्थता में निपुण बाड़ी . उ मध्यस्थता मुहैया कराने वाला  संगठन ‘माध्यम इंटरनेशनल’ के  सीनियर वाइस प्रेसिडेंट बाड़ी . उ कई बरस से  राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग से जुड़ल  रहली  और बाल अधिकारों और शिक्षा से जुड़ल  कई मानवाधिकार जांचन के हिस्सा रहली .

वजाहत हबीबुल्लाह 1968 बैच के IAS अफसर रहले , जे अगस्त 2005 में रिटायर हुए भइलें , रिटायरमेंट के बाद अक्तूबर 2005 में उ देश के पहला मुख्य सूचना आयुक्त नियुक्त कइल गइले  . उ सितंबर 2010 तक ए पद पर रहले .

एकरा  बाद फरवरी 2011 में उनके  राष्ट्रीय अल्पसंख्यक आयोग के अध्यक्ष बनाइल  गइल . उ इ  पद पर  फरवरी 2014 तक रहलें . एकरा अलावा वजाहत केंद्र सरकार के पंचायती राज मंत्रालय में सचिव भी रह चुकल बाने  .

 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments