Friday, May 17, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणयूपी: कोरोना के चलते , कानपुर के 10 और लखनऊ के...

यूपी: कोरोना के चलते , कानपुर के 10 और लखनऊ के 4 इलाका में 24 जुलाई तक फुल लाॅकडाउन

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ , रोहित बाजपेई

उत्तर प्रदेश के कानपुर में सोमवार रात 10 बजे से संपूर्ण लॉकडाउन लगा दिहल गइल बा । हालांकि इ लॉकडाउन उन 10 इलाकन में लगाइल गइल बा , जे की कोरोना कटेंमेंट जोन की उच्च श्रेणी में रखल गइल बाने । जिलाधिकारी डा. ब्रह्मदेव राम तिवारी संपूर्ण लॉकडाउन पर जानकारी देते हुए बतइले कि पिछले तीन दिन से कोविड-19 के बढ़ते संक्रमण के ध्यान में रखके इ फैसला लिहल गइल बा ।

उ कहने कि सम्पूर्ण लॉकडाउन के इ फैसला विश्व स्वास्थ्य संगठन, स्वास्थ्य विभाग, पुलिस प्रशासन एवं जिला प्रशासन के कहे पर जनपद कानपुर नगर के 10 थाना क्षेत्रों में सोमवार रात 10 बजे से तात्काल प्रभाव से लागू कर दिहल गइल बा ।

साथे उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में कोरोना के केस लगातार बढ़ल जात बा ।जेकरा के देखकर जिला प्रशासन फैसला लिहले बा की जिन इलाकन से सबसे ज्यादा केस सामने आवत बा , उन इलाकन के कंटेनमेंट जोन बना दिहल जाई । डीएम कहने की कि लखनऊ के चार इलाका इंदिरानगर, गाजीपुर, आशियाना, सरोजनी नगर में 20 जुलाई से पूर्ण लॉकडाउन लागू करल जात बा ।

जिला प्रशासन फैसला लिहले बा कि सिर्फ उन इलाकन में लॉकडाउन करल जाइ जहां कोरोना वायरस के सबसे ज्यादा मामला मिलत बा । उन इलाकों में पूर्ण लॉकडाउन होवे से कोरोना वायरस के फैले से रोकल जा सकेला । डीएम अभिषेक प्रकाश बतइने कि लखनऊ के चार इलाकन में सबसे ज्यादा कंटेनमेंट जोन बाने । उन्हीं इलाकन में सोमवार से पूर्ण लॉकडाउन कर दिहल गइल बा ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments