Tuesday, May 21, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपरीक्षा में पूछल गईल बिहार के राज्यपाल के नाम, अउर ऑप्‍शन में...

परीक्षा में पूछल गईल बिहार के राज्यपाल के नाम, अउर ऑप्‍शन में नाही रहल नाम

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के विवाद से पुराना नाता हवे । एक बार फिर से सिमुलतला जैसे महत्वपूर्ण संस्थान में एडमिशन के खातिर आयोजित प्रवेश परीक्षा में प्रश्न में गड़बड़ी भईल बाने । बोर्ड द्वारा तैयार प्रश्नपत्र के प्रश्न संख्या 79 में बिहार के वर्तमान राज्यपाल का नाम ना लिखल रहे। जेसे विद्यार्थियन के परेशानी के सामना करे के पडल । अधिकांश विद्यार्थी गलत टिक लगा दिहले , जबकि कुछ विद्यार्थी ओके खाली ही छोड़ दिहले।
बिहार विद्यालय परीक्षा समिति द्वारा सिमुलतला आवासीय विद्यालय जमुई के खातिर गुरुवार के शहर के बीपी इंटर स्कूल में प्रवेश परीक्षा के आयोजन कईल गईल जेहमे जिले के 622 परीक्षार्थी शामिल भईले। परीक्षा ख़त्म भईला के बाद विद्यार्थी लोग बतौले कि कई सवाल से उनके परेशानी के सामना करे के पड़ल। सबसे महत्वपूर्ण प्रश्न संख्या 79 रहे। जेहमे पूछल गईल रहे कि बिहार के राज्यपाल के हवे ? अउर ऑप्शन में बिहार के राजयपाल फागू चौहान के नाम ही ना रहल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments