Tuesday, May 21, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणलखनऊ में हिंदू समाज पार्टी के नेता कमलेश तिवारी के भईल निर्मम...

लखनऊ में हिंदू समाज पार्टी के नेता कमलेश तिवारी के भईल निर्मम हत्या

उत्तर प्रदेश की राजधानी लखनऊ में बदमाश एक के बाद एक वारदात के अंजाम देत बाने । शुक्रवार (आज ) हिंदू महासभा के नेता कमलेश तिवारी के उनकर  कार्यालय में ही गोरी मारकर हत्या कर कई दिहल गईल । बतावल जा रहल बा कि भगवा कपड़े पहिनले  दू गो  हमलावर हाथ में मिठाई के डिब्बा लेके कार्यालय में घुस गईले । बातचीत के बाद अचानक मिठाई के डिब्बा में छिपाकर लाईल रिवाल्वर अउर चाकू से हमला बोल दिहले अउर वारदात के अंजाम देके भाग निकलले । गोली के आवाज से अफरा-तफरी मच गईल । घटना में गंभीर रूप से जख्मी कमलेश तिवारी के आननफानन में ट्रॉमा सेंटर ले जाएल गईले , जहां डॉक्टर लोग उनके मृत घोषित कई दिहले ।  पुलिस हमलावारन के तलाश मे लागल बिया जगह जगह छापेमारी चलत बा  ।

 

 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments