Saturday, May 18, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणभगले के कोशिश करे पर एनकाउंटर में मारल गइल विकास दुबे

भगले के कोशिश करे पर एनकाउंटर में मारल गइल विकास दुबे

न्यूज़ डेस्क: लखनऊ

कानपुर हाइवे के पास उज्जैन से विकास दुबे को ले के आवत रहल STF टीम के काफिला के आज सबेरे एक्सीडेंट हो गइल, जिस गाडी में विकास दुबे रहल उ गाड़ी पलट गइल , STF के अनुसार विकास दुबे के भी ओमे चोट लगल लेकिन विकास दुबे ओही समय भागे के कोशिश कइलस .

भागे की कोशिश करे पर STF टीम के गोली चलावे के पड़ल जेसे विकास दुबे के गोली लगल .

ज्यादा खून बहे से ओकर मौत हो गइल बा ,

आठ पुलिसकर्मियों की हत्या के मास्टरमाइंड विकास दुबे के एनकाउंटर से पूरा घटनाक्रम के अंत हो गइल . सूत्रन के अनुसार इ एनकाउंटर में गंभीर रूप से घायल हुए विकास दुबे के मौत हो गईल बा . फिलहाल, आधिकारिक बयान नाहि आइल बा . विकास दुबे के स्ट्रेचर पर हैलेट हॉस्पिटल, कानपुर में लाइल गइल बा .

इ हादसा कानपुर टोल प्लाजा से 25 किलोमीटर दूर भइल बा . बइल जात बा कि जब गाड़ी दुर्घटनाग्रस्त हुई, ऑ समय विकास दुबे हथियार छीनकर भाग निकलल .

घटनास्थल से सात से आठ किलोमीटर के दूरी पर विकास दुबे और पुलिस के बीच मुठभेड़ भइल . इ मुठभेड़ में विकास दुबे गंभीर रूप से घायल हो गइल. विकास दुबे के मारे जाये के खबर बा .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments