Sunday, May 5, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणशुक्रवार रात 10 बजे से 13 जुलाई की सुबह 5 बजे तक...

शुक्रवार रात 10 बजे से 13 जुलाई की सुबह 5 बजे तक यूपी में लाकडाउन

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ

उत्तर प्रदेश में कोरोना केस में होवत वृद्धि के देखकर और महामारी के संक्रमण के रोके खातिर इ हफ्ता के अंत में प्रदेश में फिर से लॉकडाउन के ऐलान कइल गइल बा .

उत्तर प्रदेश में एक बार फिर लॉकडाउन लगाइल जात बा और इ बंदिश शुक्रवार रात 10 बजे से 13 जुलाई की सुबह 5 बजे तक जारी रही . प्रदेश में बढ़ते कोरोना केस पर काबू पावे के कोशिश के तहत मुख्य सचिव राजेंद्र तिवारी इ लॉकडाउन के आदेश जारी कइले बाने .

लॉकडाउन के दौरान आवश्यक सेवाओं पर कउनो रोक नाहि होई . आवश्यक सेवाएं जैसे स्वास्थ्य और चिकित्सीय सेवा से जुड़ल आवश्यक वस्तुओं के आपूर्ति पहले की तरह होवत रही . इ सेवाओं से जुड़ल लोगन के आवे -जावे पर कउनो प्रतिबंध नाहीं होई .

रेलवे के आवाजाही पहले की तरह जारी रही . साथे सड़क परिवहन में सिर्फ यूपी राज्य सड़क परिवहन के बीस ही चलिहें .

घरेलू और अंतरराष्ट्रीय हवाई सेवा पहिले के तरह ही चली . अंतरराष्ट्रीय उड़ानन पर अब भी रोक जारी बा .

डोर-स्टेप डिलिवरी से जुड़ल लोगन के आवे -जावे पर कउनो पाबंदी नहीं होई .

लॉकडाउन के दौरान मालवाहक वाहनं के आवागमन पर कउनो प्रतिबंध ना होई .

राष्ट्रीय और राज्यीय राज्यमार्गों पर वाहनों के आवाजाही जारी रही . साथे इनके किनारे स्थित पेट्रोल पंप और ढाबे भी खुलल रहिहें .

ए दौरान 10 से 12 जुलाई तक स्वच्छता एवं स्वच्छ पेयजल आपूर्ति खातिर वृहद अभियान चलाइल जाई . इ अभियान में शामिल कर्मियं पे कउनो प्रतिबंध ना होई .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments