Saturday, May 4, 2024
Homeटेक्नोलॉजीWhatsApp, इंस्टाग्राम अउर मैसेंजर करीब 1 घंटा रहल डाउन, कंपनी ना बतईलस...

WhatsApp, इंस्टाग्राम अउर मैसेंजर करीब 1 घंटा रहल डाउन, कंपनी ना बतईलस कउनो वजह

इंस्टैंट मैसेजिंग ऐप व्हाट्सऐप (WhatsApp), फेसबुक मैसेंजर और फोटो शेयरिंग प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम (Instagram) के यूजर्स के शुक्रवार के करीब 1 घंटे तक परेशानी के सामना करे के पडल. रात के करीब 10.45 बजे से कई यूजर्स परेशानी के शिकायत काईलें. ई समस्या करीब रात 11 बजकर 40 मिनट तक रहल. व्हाट्सऐप और इंस्टाग्राम में आवे वाली कठिनाई के लेकर अब तक कंपनी के कउनो आधिकारिक बयान ना आईल बा.

ट्विटर पर ट्रेंड कर रहल बा WhatsApp Down

उहें, फेसबुक के स्वामित्व वाले इस्टाग्राम के यूजर्स भी कउनो नया पोस्ट ना देख पावत रहले. पोस्ट करे में भी यूजर्स के कठिनाई आवत रहे. दूसरे ओर, ट्विटर पर व्हाट्सऐप डाउन (WhatsApp Down) ट्रेंड कर रहल बा.

मिंट ने डाउन डिटेक्टर (Down Detector) के हवाले से लिखले बा कि भारतीय समय के अनुसार रात 10.45 से यूजर्स के मैसेज भेजे में दिक्कत आ गईल रहे. करीब 98 फीसदी यूजर्स के ई समस्या आईल रहे. Down Detector रियल टाइम स्टेटस और आउटेज से जुड़ी सूचनाएं देने वाली कंपनी बा. एकरे मुताबिक, 98 फीसदी लोगन के मैसेज भेजे में परेशानी आवत रहे अउर 2 फीसदी यूजर्स के लॉग-इन में दिक्कत आवत रहे.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments