Thursday, May 16, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणरेलमंत्री के ट्वीट करके किडनैप बेटी के बचावे के गुहार, कामाख्या एक्सप्रेस...

रेलमंत्री के ट्वीट करके किडनैप बेटी के बचावे के गुहार, कामाख्या एक्सप्रेस से बरामद नाबालिग

उत्तर प्रदेश के चंदौली के दीनदयाल उपाध्याय जंक्शन पर कामाख्या एक्सप्रेस से किडनैप असम के नाबालिग लड़की के बरामद कर लेबल गईल बा. दरअसल बेटी के किडनैपिंग के सूचना ओकर पिता रेल मंत्री पियूष गोयल (Railway Minister Piyush Goel) के ट्वीट कर के मदद मांगले रहलें. ट्वीट के बाद फौरन एक्शन भईल अउर दीनदयाल उपाध्याय जंक्शन पर रेलवे सुरक्षा बल के मेरी सहेली टीम सक्रिय हो गईल. टीम किडनैप नाबालिग लड़की के ट्रेन से बरामद कर लेहलस. हालांकि आरोपी फरार होखे में कामयाब हो गईल. बरामदगी के बाद लड़की के पिता आरपीएफ के मेरी सहेली टीम के शुक्रिया कहले.

दरअसल 19 मार्च के रेल मंत्री पीयूष गोयल के ट्वीट करके एक पिता बतईले कि गाड़ी संख्या 02549 अप (कामख्या-आनंद विहार एक्सप्रेस) में उसकी 15 साल के बेटी के फुसलाके एक महिला लेके जात बिया. पिता के इ ट्वीट पर रेल मंत्रालय फौरन हरकत में आ गईल और जीआरपी, आरपीएफ, एसआईबी समेत मेरी सहेली टीम सक्रिय हो गईल.

पिता देहलें धन्यवाद

मेरी सहेली टीम ट्रेन के डीडीयू जंक्शन पर पहुंचते ही गाड़ी के पड़ताल शुरू कर दीहल गयल. ई दौरान कमाख्या एक्सप्रेस से अपहरण भईल किशोरी के बचा लेहल गयल हालांकि अपरहण करे वाले फरार हो गईलें.

डीडीयू जंक्शन पर रिकवर भाईल लड़की

संयुक्त टीम चेकिंग कईलस त कोच सं S-5 में लड़की मिलल. पूछताछ में उ खुद के गुवाहाटी के निवासी बताईलस. पहचान कन्फर्म भाईले पर रेलवे सुरक्षा बल के मेरी सहेली टीम के सहयोग से उतारकर पोस्ट पर लियावल गयल. साथ ही ओकरे पिता के सूचित करल गयल.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments