Wednesday, May 15, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणउत्तेर प्रदेश पंचायत चुनाव: 2015 के आधार पर चक्रानुक्रम आरक्षण के अधिसूचना...

उत्तेर प्रदेश पंचायत चुनाव: 2015 के आधार पर चक्रानुक्रम आरक्षण के अधिसूचना जारी

उत्तेर प्रदेश सरकार उच्च न्यायालय के आदेश के मुताबिक 2015 के आधार मानके नए सिरे से चक्रानुकम आरक्षण प्रक्रिया के बुधवार के निर्धारण कर देहले बा। शासन जिला पंचायत अध्यक्षों के आरक्षण सूची जारी कर देहेल बा। कउनो जिला में केतन क्षेत्र पंचायत कउने श्रेणी के खातिर आरक्षित होंई ई भी तय हो गयल बा। ग्राम प्रधानन, ग्राम पंचायत सदस्यन के आरक्षण निर्धारण के प्रक्रिया तय कर देबल गयल बा। पंचायतीराज विभाग आरक्षण निर्धारण के कार्यक्रम जारी कर देहले बा। कुल जिलाधिकारियन के 26 मार्च तक आरक्षण अउर आवंटन के अंतिम सूची के प्रकाशन करे के होई।

अब हाईकोर्ट के आदेश के मुताबिक पंचायतन में आरक्षण व चुनाव करावे के रास्ता साफ हो गईल बा। प्रदेश कैबिनेट मंगलवार के यूपी पंचायत राज बारहवां संशोधन नियमावली, 2021 के मंजूरी दे देहलस। कैबिनेट के मंजूरी के बाद विभाग बुधवार के 2015 के आधार वर्ष मानके पंचायतन के चक्रानुक्रम आरक्षण लागू करे के अधिसूचना जारी कईले बा।

का होई समय सारिणी

 17 मार्च : जिला पंचायत अध्यक्ष पद के आरक्षण अउर आवंटन जारी करल जाई, क्षेत्र पंचायत प्रमुख के जिलावार आरक्षण चार्ट जारी करल, निदेशालय के ओर से विकासखंड वार प्रधानों के पदों के आरक्षण चार्ट तैयार करके जिलन के उपलब्ध करावल।

18 से 19 मार्च : जिला स्तर पर आरक्षित ग्राम पंचायत प्रधानों, क्षेत्र पंचायत प्रमुखों के आवंटन, जिला पंचायत, क्षेत्र पंचायत, ग्राम पंचायत के प्रादेशिक निर्वाचन क्षेत्रों के आरक्षण अउर आवंटन के जिला मजिस्ट्रेट के ओर से प्रस्ताव तैयार करे के बा।

20 से 22 मार्च : आरक्षित ग्राम पंचायत प्रधानों, क्षेत्र पंचायत प्रमुखों के आवंटन, जिला पंचायत क्षेत्र पंचायत, ग्राम पंचायत के प्रादेशिक निर्वाचन क्षेत्रों के आरक्षण अउर आवंटन के प्रस्तावित सूची के जिला मजिस्ट्रेट के स्तर से प्रकाशन।

20 से 23 मार्च : प्रस्ताव पर आपत्ति प्राप्त करल।

24 से 25 मार्च : जिला मुख्यालय पर जिला पंचायत राज अधिकारी कार्यालय में एकत्रित आपत्तियन के जिला मजिस्ट्रेट के अध्यक्षता में गठित कमेटी द्वारा निस्तारण करल।

26 मार्च : जिला मजिस्ट्रेट के ओर से आरक्षित ग्राम पंचायत के प्रधानों, क्षेत्र पंचायत प्रमुखों के आवंटन, जिला पंचायत, क्षेत्र पंचायत, ग्राम पंचायत के प्रादेशिक निर्वाचन क्षेत्रों के आरक्षण अउर आवंटन के अंतिम सूची के प्रकाशन, पंचायतीराज निदेशालय अउर जिला निर्वाचन अधिकारी के विवरण उपलब्ध करावल।  

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments