Sunday, April 28, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोरोना 2.O: फिर बनल लॉकडाउन के हालात, 1.14 करोड़ के पार मरीजों...

कोरोना 2.O: फिर बनल लॉकडाउन के हालात, 1.14 करोड़ के पार मरीजों के संख्या.

भारत में कोरोना वायरस के महामारी के दूसरी वेव आ गईल बा हर रोज गंभीर आंकडा देखे के मिलत बा। मंगलवार के महाराष्ट्र में 17 हजार से ज्यादा नया मामला सामने आईल। केंद्र सरकार क कहना बा की कोरोना के दूसरी वेव के शुरुआत बतईले बा। हालात के देखते हुए न सिर्फ राज्य में बल्कि देश के दूसरे कई हिस्सन में जरूरी कदम उठावल जा बा।

मुंबई में बृह्नमुंबई महानगरपालिका (BMC) शिक्षकन के घर से काम करे के कहल बा और मध्य प्रदेश सरकार भोपाल अउर इंदौर में नाइट कर्फ्यू लगा देहले बा। गुजरात, पंजाब और महाराष्ट्र में स्कूलन के बंद करे क निर्देश जारी कईल बा। पंजाब में बोर्ड परीक्षा के एक महीना खातिर टाल देबल गईल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुधवार के सभी राज्यन के मुख्यमंत्रियों के साथ स्थिति के समीक्षा के खातिर बैठक करिहें।

1.14 करोड़ के पार मरीजों के संख्या
पूरे देश के बात करी त एक दिन में 24,492 पॉजिटिव मामला के साथ मरीजन के कुल संख्या 1.14 करोड़ पार कर चुकल बा. उहें, 131 लोगन के मौत के साथ मरे वालन के संख्या 1.58 लाख पार कर चुकल बा. लगातार छठेवें दिन मामलों में भारी तेजी के साथ ऐक्टिव केस 2.2 लाख से ज्यादा हो गईल बा। हालात पर प्रधानमंत्री बुधवार के कुल राज्यन के मुख्यमंत्रियों के साथ कोरोना के बढ़त मामला पर चर्चा करिहें. ई वर्चुअल बैठक दोपहर 12.30 बजे होई।

मध्य प्रदेश के कई शहरन में कडा नियम
मध्य प्रदेश सरकार बढ़त मामलों के मध्यनजर भोपाल अउर इंदौर में नाइट कर्फ्यू लगा देहले बा। राज्य दूसरे 10 शहरन- जबलपुर, ग्वालियर, उज्जैन, रतलाम, छिंदवाड़ा, बुरहानपुर, बेतुल अउर खरगौन में रात के 10 बजे के बाद दुकानन के बंद रखेके कहल गईल बा। होली पर सार्वजनिक कार्यक्रम नाहीं होंई. महाराष्ट्र से आने वाले लोगों के थर्मल-स्क्रीनिंग कईल जाई और एक हफ्ते के खातिर आइसोलेट करल जाई।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments