Monday, May 6, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणकोरोना अलर्ट पर पूरा बिहार, फिर बनावल गयल 6 क्वारंटीन सेंटर

कोरोना अलर्ट पर पूरा बिहार, फिर बनावल गयल 6 क्वारंटीन सेंटर

बिहार में फिर से कोरोना के खौफ दिखे लागल बा। देश में तेजी से बढ़त मामलन के बाद बिहार सरकार लगातार अलर्ट पर बा। एही कड़ी में पटना में 6 क्वारंटीन सेंटर दोबारा शुरू कर देबल गईल बा। जवन दो शहर अउर चार ग्रामीण इलाकों में बा। राजधानी में पाटलिपुत्रा अशोका में 165 अउर सगुना मोड़ स्थित राधा स्वामी आश्रम में 60 बेड के व्यवस्था कईल गईल बा। एकरे अलावा बाढ़, दानापुर और पालीगंज अनुमंडल मुख्यालय में भी क्वारंटाइन सेंटर चालू कईल जा रहल बा। होली के अवसर पर बाहर से आवे वाले लोगन से संक्रमण के आशंका बढ़ले के मद्देनजर एके चालू कयल जा रहल बा।

पॉजिटिव पावे जाए वाले मरीजन के एही सेंटरन पर रखल जाई। सिविल सर्जन डॉक्टर विभा सिंह के मुताबिक पटना जिले में अभी कोरोना संक्रमितों के संख्या काफी कम बा। नया केस भी कम ही मिलत बाटे। जे संक्रमित बा, उ अपने घरों में ही आइसोलेशन के प्राथमिकता दे रहल बा।

अइसन में अभी क्वारंटाइन सेंटर पूरी तरह से खाली बाने, लेकिन होटल पाटलिपुत्रा अशोक में 165 बेड और खगौल के राधा स्वामी सत्संग आश्रम में 60 बेड के आइसोलेशन सेंटर तैयार रखल गयल बा। अगर संक्रमण बढ़ल त लोगन के इहाँ रखे में कउनो परेशानी ना होई।

सिविल सर्जन बतईलन कि कुल पीएचसी के बाहर से आवे वालन लोगन से एलर्ट रहे के निर्देश देबल गयल बा। उनके थ्री टी यानी ट्रेसिंग, टेस्टिंग और ट्रीटमेंट के तैयारी रखे पर जोर देबे के निर्देश देबल गयल बा। जेकरे खातिर ग्राम पंचायत के प्रतिनिधियन से लेकर आशा कार्यकर्ताओं के मदद लेबे के सलाह देबल गईल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments