Tuesday, May 14, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणयूपी में लाकडाउन पर बोलले स्वास्थ मंत्री, आगे के कईसन बा तैयारी?

यूपी में लाकडाउन पर बोलले स्वास्थ मंत्री, आगे के कईसन बा तैयारी?

न्यूज़ डेस्क उत्तर प्रदेश: देश में कोरोना संक्रमितन के संख्या के लगातार बढे के लेके प्रदेश के योगी सरकार सजग हो गईल बिया अउर कउनो भी स्थिति से निपटने के तैयारी कईल जात बा. स्वास्थ्य मंत्री जय प्रताप सिंह बतइलेन कि प्रदेश में टेस्टिंग लगातार बढ़ावल जा रहल बा. होली में बाहर से आवे वाला लोगन के जांच कईल जाई. उ कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कोरोना संक्रमण के लेके बुधवार के बैठक करिहें. संक्रमण से बचाव के खातिर केंद्र द्वारा जारी कइल निर्देशन के प्रदेश में पालन करवावल जा रहल बा.

उ कहलें कि कुछ राज्यन में कोरोना संक्रमण में पुन: तेजी से वृद्धि हो रहल बा. उत्तर प्रदेश में भी कुछ जिलन में संक्रमण के मामला बढ़ रहल बा. जिलन में इंटीग्रेटेड कंट्रोल एंड कमांड सेंटर पूरी तरह चालू कर दिहल गयल बा. होली के मद्देनजर रेलवे स्टेशनों और हवाई अड्डन पर यात्रियन के रैंडम अउर प्रारंभिक जांच होई. साथ में उ साफ कर दिहलन कि यूपी में अबही लॉकडाउन और नाइट कर्फ्यू पर विचार ना कइल जा रहल बा.

कोरोना के बढ़त मामलन के ध्यान में रखके स्वास्थ्य विभाग राजधानी लखनऊ में फिर से माइक्रो कंटेनमेंट जोन बनावे के फैसला कइले बिया . एक मरीज मिलले पर भी माइक्रो कंटेनमेंट जोन बनावल जाई. स्वास्थ्य विभाग के अनुसार मरीज मिलले पर ओकरे ढाई सौ मीटर के दायरा के माइक्रो कंटेनमेंट जोन बनावल जाई। जेमन आवे वाले के स्क्रीनिंग के साथ जांच भी होई. इलाका में मास्क न लगइले पर चालान भी काटल जाई.

लखनऊ में संक्रमित राज्यन से यात्रियन के आवे के साथ ही कोरोना के ग्राफ भी बढे लागल बा. सोमवार के 35 नया मामला सामने आइल. जेके लेके स्वास्थ्य विभाग में खलबली मचल बा. अफसर कोरोना कंट्रोल करे के खातिर जांच के दायरा बढ़ावे के तैयारी कर रहल बाने . सीएमओ प्रवक्ता योगेश बतइलें कि कोरोना वॉयरस के जद में आवे वाला लोगन के सर्विलांस एवं कांट्रेक्ट ट्रेसिंग जरिए 4982 लोगन के नमूना लेके जांच खातिर भेजल गईल बा.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments