Tuesday, April 30, 2024
Homeराजनीतिमहाराष्ट्र: गृह विभाग के अधिकारियन से अनिल देशमुख के मुलाकात 3 घंटे...

महाराष्ट्र: गृह विभाग के अधिकारियन से अनिल देशमुख के मुलाकात 3 घंटे चलल बातचीत

न्यूज़ डेस्क मुंबई: मुंबई के पूर्व पुलिस कमिश्नर परमबीर सिंह के ‘लेटर बम’ अउर 100 करोड़ रुपये के उगाही के आरोप के बीच महाराष्ट्र के गृह मंत्री अनिल देशमुख सोमवार के सरकारी निवास से निकलके सह्याद्रि गेस्ट हाउस पहुंचले. तबी उनके साथ गृह विभाग के कुछ अधिकारी भी मौजूद रहलें. अनिल देशमुख रात 8 बजे से लेके 11 बजे तक सह्याद्रि गेस्ट हाउस में मौजूद रहलें अउर गृह विभाग के अधिकारियों के साथ बैठक काईले.

मीडिया के सवालन से बचत नजर अईलें अनिल देशमुख

Image Source Google

सह्याद्रि गेस्ट हाउस में तीन घंटा रहने के दौरान अनिल देशमुख गृह विभाग के अधिकारियों के साथ कउने बात के लेकर चर्चा कईले, ई जानकारी सामने ना आईल बा. गेस्ट हाउस से बाहर निकलत समय अनिल देशमुख मीडिया के सवालन से बचत नजर अईलें. जेकरे बाद 11 बजे के बाद ज्ञानेश्वरी स्थित अपने सरकारी निवास लौट गईलें.

पूर्व पुलिस कमीश्नर लगइले रहले गंभीर आरोप


मुंबई के पूर्व पुलिस कमिश्नर परमबीर सिंह मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे अउर राज्यपाल भगत सिंह कोश्यारी के एक पत्र लिखले, पत्र में उ आरोप लगईले रहलें की गृहमंत्री अनिल देशमुख चाहत रहलें कि पुलिस अधिकारी बार अउर होटलन से हर महीना 100 करोड़ रुपये के वसूली करके उनके पहुंचावें. आरोपों के बाद दिल्ली में शरद पवार के घर पर एनसीपी के बैठक भाईल, जेमन एनसीपी नेता प्रफुल्ल पटेल, अजित पवार, सुप्रिया सुले अउर जयंत पाटिल शामिल भईलें. बैठक के बाद शरद पवार कहाले कि परमबीर सिंह के चिट्ठी में लगावल गयल आरोप गंभीर जरूर बा, लेकिन कउनो सबूत नाहीं देबल गयल बा. इ आरोपन के गहन जांच के जरूरत बा अउर उद्धव ठाकरे इ मामला में आखिरी फैसला लिहें.

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments