Saturday, April 27, 2024
Homeयुवाहाथरस गैंगरेप मामला के जांच यूपी पुलिस से लेकर सीबीआई के सौंपल...

हाथरस गैंगरेप मामला के जांच यूपी पुलिस से लेकर सीबीआई के सौंपल गईल

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ

हाथरस में भइल गैंगरेप और हत्या के केस आज सीबीआई के सौंप दिहल गइल .हालांकि अभी सीबीआई इ केस दर्ज ना कइले बा . हाथरस कांड के लेकर केंद्र सरकार सीबीआई जांच के अधिसूचना जारी कर दिहले बिया . अधिसूचना जारी होवे के बाद सीबीआई हाथरस पुलिस से इ बारे में अब तक के जांच तथा एफआईआर के कॉपी मांगी .एकरा बाद सीबीआई मामले को रजिस्टर्ड कर आपन जांच शुरू करी .  

मामले की जांच सीबीआई के विशेष अपराध शाखा के सौंपल जावे के संभावनाएं बा . सीबीआई के ग़ाज़ियाबाद यूनिट ए मामला के जांच कर सकेला .

उत्तर प्रदेश के हाथरस में युवती के साथ भइल हैवानियत के मामले में यूपी सरकार पिछला मंगलवार के सुप्रीम कोर्ट में हलफनामा दाखिल कइले रहल . एही में कथित बलात्कार और हमले के सीबीआई जांच के निर्देश देवे के मांग करल गइल रहल . सरकार पीड़िता के अंतिम संस्कार देर रात में करावे के वजह भी बतइलस .

सरकार के कहना रहल कि उनके खुफिया सूचना मिलल रहल कि कुछ लोग शव के सड़क पर रखकर हिंसा करवाने में लगल बाने . सरकार की ओर से शीर्ष न्यायालय में पेश हलफनामे में 14 सितंबर से 29 सितंबर तक के घटना के बारे में सिलसिलेवार जानकारी दिहल गइल रहल . 

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments