Thursday, May 16, 2024
Homeयुवासीबीएसई 10th बोर्ड रिजल्ट: फिर बेटियां बनली नम्बर वन , देखल जा...

सीबीएसई 10th बोर्ड रिजल्ट: फिर बेटियां बनली नम्बर वन , देखल जा डायरेक्ट रिजल्ट

न्यूज़ पोस्ट : नई दिल्ली

केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड ( सी बी एस ई ) आज 10वीं कक्षा की परीक्षा परिणाम घोषित हो गइल बा . हर बार के तरह अबकी बार भी लडकी लोग बाजी मार लिहले बा . बोर्ड बतइलस कि 10वीं बोर्ड परीक्षा में लड़कनके मुकाबले लड़की लोग 3.17 फीसद ज्यादा पास भइल बानी . परीक्षा में 93.31 प्रतिशत लड़कियां पास भइल बानी जबकि परीक्षा देवे वाला 90.14 लड़का लोग ही पास हो पाइल बा .

सीबीएसई 10वीं बोर्ड परीक्षा रिजल्ट

पिछले साल के मुकाबले परीक्षा पास करे वाले विद्यार्थियन के संख्या में 0.36 प्रतिशत के बढ़ोत्तरी भइल बा . बोर्ड द्वारा जारी आंकड़न के मुताबिक साल 2020 में 91.46 प्रतिशत स्टूडेंट्स परीक्षा में पास हो गइल बाने . बोर्ड बतइलस कि 41,804 स्टूडेंटस 95 प्रतिशत से अधिक अंक प्राप्त कइले बाने . उहें 1,84,358 स्टूडेंटस 90% से ज्यादा अंक लइले बाने .

रिजल्ट में XXXX or ER के का मतलब बा ? 
दिल्‍ली में फैली सांप्रदायिक हिंसा के कारण कई छात्र परीक्षा ना दिहले रहने. उनकर खातिर बोर्ड दोबारा परीक्षा आयोजित करे के तैयारी पूरी कइले रहल . लेकिन छात्रों और अभिभावकन के विरोध के बाद दोबारा आयोजित होवे वाली परीक्षा के रद्द कर दिहल गइल रहल .

जेकरा बाद बोर्ड उन छात्रन के उनके इंटर्नल एग्‍जाम के आधार पर नंबर दिहले बा . बोर्ड बतइलस कि छात्रन के उनकर पिछली तीन परीक्षाओं के आधार पर नंबर दिहल गइल बा . एही के चलते बोर्ड इ बार मार्कशीट पर फेल के जगह ER लिखले बा . ER के पूरा नाम एसेंशियल रिपीट बा . यानी अइसन छात्र जिनके अनिवार्य तौर पर अगला साल फिर से सभी विषयन के परीक्षा में बइठे के पड़ी . उनके रिजल्ट में ER लिखल आई . उहें चार बार XXXX का मतलब इंम्प्रूवमेंट होई. ऐसे छात्रन के किसी सब्जेक्ट में इंम्प्रूवमेंट देवे के होई . कोरोना महामारी के चलते सीबीएसई इ फैसला लिहले बा .

दिल्ली के रिजल्ट में बार केवी के रिजल्ट 99.23% रहल . जबकि JNV के रिजल्ट 98.66% रहा. परीक्षा में सीटीएसए भी 93.67% अंकों पर रहल . वहीं इंडीपेन्डेंट के रिजल्ट 92.81% रहल . जबकि सरकारी स्कूल के रिजल्ट 80.91 प्रतिशत रहल . जबकि इ बार सरकारी सहायता प्राप्त संस्था के रिजल्ट 77.82% रहल .

रिजन वाइस जारी रिजल्‍ट के अनुसार सबसे अच्‍छा रिजल्‍ट त्रिवेन्‍द्रम के रहल . त्रिवेंद्र परीक्षा में 99.28 प्रतिशत अंक प्राप्त कर पहले स्थान पर बनल बा . एकरा अलावा अलावा करीब एक लाख 50 हजार छात्र अइसन भी हैं जिनकर कपार्टमेंट आइल बा , जो की पिछला वर्ष के मुकाबले करीब 0.14 प्रतिशत ज्यादा बा .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments