Tuesday, April 30, 2024
Homeराजनीतिमध्य प्रदेश के राज्यपाल लालजी टंडन के निधन,लंबा समय से रहने बीमार

मध्य प्रदेश के राज्यपाल लालजी टंडन के निधन,लंबा समय से रहने बीमार

न्यूज़ डेस्क : लखनऊ, रोहित बाजपेई

मध्य प्रदेश के गवर्नर लालजी टंडन के आज सुबह निधन हो गइल . 85 वर्षीय लालजी टंडन की कई दिन से से बीमार चलत रहेले और उनकर इलाज लखनऊ स्थित मेदांता हॉस्पिटल में चलत रहल . लालजी टंडन के निधन के जानकारी उनकर लइका और यूपी सरकार में मंत्री आशुतोष टंडन देहलें, उ ट्वीट करके कहले कि बाबूजी नहीं रहलें.

रात में ही लालजी टंडन के हालत बिगड़ गईल रहल . गंभीर हालत में उनके वेंटिलेटर पर रखल गइल रहल . लखनऊ स्थित मेदांता हॉस्पिटल के डायरेक्टर राकेश कपूर बतइने की आज उनकर तबीयत ज्यादा गंभीर हो गइल रहल . उनके फुल सपोर्ट पर रखल गइल रहल .

मध्य प्रदेश के गवर्नर लालजी टंडन के 11 जून के सांस लेवे में परेशानी, बुखार और पेशाब में दिक्‍कत के कारण लखनऊ स्थित मेदांता अस्पताल में भर्ती कराइल गइल रहल . लालजी टंडन के तबीयत दिन ब दिन बिगड़त जात रहल . एही वजह से उत्तर प्रदेश के राज्‍यपाल आनंदीबेन पटेल के मध्‍य प्रदेश के अतिरिक्‍त कार्यभार दिहल गइल रहल .

लालजी टंडन के 13 जून के एगो ऑपरेशन भी करल गइल रहल . हालत गंभीर होवे पर उनके वेंटिलेटर पर शिफ्ट करल गइल रहल .

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments