Friday, May 3, 2024
Homeयुवासीबीएसई के 'ई परीक्षा' पोर्टल लॉन्च, 10वीं और 12वीं के परीक्षार्थियन के...

सीबीएसई के ‘ई परीक्षा’ पोर्टल लॉन्च, 10वीं और 12वीं के परीक्षार्थियन के मिली मदद

केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) 10वीं अउर 12वीं के परीक्षा में शामिल होखे वाले छात्र-छात्राओं के खातिर ‘ई परीक्षा’ पोर्टल लॉन्च कर देहले बा। इस पोर्टल के मदद से मई में बोर्ड परीक्षा देवे वाले स्टूडेंट्स के परीक्षा से जुड़े हर सवाल के जवाब मिल सकेला। इ पोर्टल में परीक्षा के डेट शीट, प्रैक्टिकल एग्जाम, एग्जाम सेंटर अउर शिकायत निवारण सहित कई जानकारी देबे के लिए वन-स्टॉप प्लेटफॉर्म के तरह इ पोर्टल के लॉन्च कियल गयल बा।

CBSE

10वीं अउर 12वीं के छात्र www.cbse.gov.in/newsite/ पोर्टल पर जाके इ प्लेटफॉर्म के यूज कर सकेलें। ई परीक्षा पोर्टल में विभिन्न सेक्शन बा, जईसे की परीक्षा या प्रैक्टिकल परीक्षा केंद्र में बदलाव। कक्षा 12 के छात्रों के खातिर इंटरनल मार्क्स अपलोड करल। कक्षा 10 के छात्रों के खातिर आंतरिक ग्रेड या प्रैक्टिकल डेटा अपलोड करल। परीक्षा में उपस्थित होखे वाले छात्रन के रोल नंबर के हिसाब से सूची अपडेट होई। सीबीएसई शिक्षक ऑनलाइन पोर्टल पर इंटरनल और प्रैक्टिकल अंक अपलोड कर सकेंलें। एकरे अलावा विभिन्न सीबीएसई-संबद्ध स्कूलन ने बोर्ड प्रैक्टिकल परीक्षाएं शुरू हो गईल बा। सीबीएसई बोर्ड के 10वीं अउर 12वीं के परीक्षा 4 मई से शुरू होई। एकरे तहत कक्षा 10 के परीक्षाएं 7 जून के और कक्षा 12 के परीक्षाएं 11 जून को समाप्त होई।

UP Board Exam 2021: कब होई यूपी बोर्ड के दसवीं अउर बारहवीं कक्षा के परीक्षा

बोर्ड 10वीं अउर 12वीं के परीक्षार्थियन के बड़ी राहत देले बा। परीक्षार्थी अगर कोविड पॉजिटिव भयल या फिर परिवार में कोई कोरोना पॉजिटिव रहले के वजह से प्रैक्टिकल एग्जाम में अनुपस्थित होई, ओकरे खातिर फिर से प्रैक्टिकल परीक्षा आयोजित कायल जाई। संबंधित स्कूल उम्मीदवारन के खातिर बादमें प्रैक्टिकल परीक्षा आयोजित करी।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments