Friday, May 17, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणपुणे में 12 घंटे के नाइट कर्फ्यू के ऐलान, का बा पूरा...

पुणे में 12 घंटे के नाइट कर्फ्यू के ऐलान, का बा पूरा गाइडलाइंस

कोरोना के नई लहर से सबसे ज्यादा प्रभावित पुणे में नाइट कर्फ्यू के ऐलान कर देबल गयल बा। शनिवार 3 अप्रैल से ई फैसला लागू हो जाई। जेकर अगले शुक्रवार के एकर समीक्षा करल जाई। शाम के 6 बजे से सुबह 6 बजे तक ईहाँ नाइट कर्फ्यू लागू रही।

होटल, रेस्तरां और बार, सब रही बंद

देश के कई शहरन में लगल नाइट कर्फ्यू के मुकाबले ई सबसे लंबा कर्फ्यू रही। पुणे के डिविजनल कमिश्नर सौरभ राव ए बात के जानकारी देलें। उ कहले कि अगले 7 दिन तक बार, होटल, रेस्तरा भी बंद रहिहे। एकरे अलावा शादी एवं अंतिम संस्कार के अलावा कउनो भी तरह के सार्वजनिक कार्यक्रम पर भी रोक रही। शादियों में 50 से ज्यादा और अंतिम संस्कार में 20 से ज्यादा लोगन के जुटबे के अनुमति ना रही।

देश में कोरोना के 771 वेरिएंट, अब इम्‍युनिटी भी ना कर पा रहल बा वायरस से बचाव

महाराष्ट्र में 48,000 से ज्यादा केस

एसे पाहिले छत्तीसगढ़ के दुर्ग जिला में भी प्रशासन 6 से 14 अप्रैल तक कंप्लीट लॉकडाउन लगावे के ऐलान कयल गयल बा। इहाँ 6 अप्रैल से लेकर 14 अप्रैल तक पाबंदि रही। दुर्ग के जिलाधिकारी सर्वेश्वर भुरे ए बात के जानकारी देले। पुणे में फिलहाल 61,740 कोरोना के एक्टिव केस बा, जवन देश के कउनो भी अन्य शहर के मुकाबले ज्यादा बा। महाराष्ट्र में पुणे, नागपुर अउर मुंबई शहर लगातार चिंता के वजह बनल बा। गुरुवार के एक बार फिर से महाराष्ट्र में 48,000 से ज्यादा केस सामने आईल बा, जबकि देश भर में ई आंकड़ा 81,000 के पार पहुंच गयल बा।

कोरोना के दूसरी लहर पहली से ज्यादा विकराल, एक हफ्ते में बढ़ल 66% केस

सीएम उद्धव ठाकरे आज जनता के संबोधित करिहे

महाराष्ट्र के सीएम उद्धव ठाकरे आज रात 8:30 बजे जनता के संबोधित करिहे। इसे पहिले शुक्रवार के सीएम उद्धव ठाकरे कोरोना के स्थिति के समीक्षा के खातीर हाई लेवल मीटिंग कईले रहलें। मानल जा रहल बा कि उद्धव ठाकरे जनता के संबोधित करते समय कउनो बड़ा ऐलान कर सकेलें, या फिर जनता के सतर्क रहले के हिदायत दे सकेलें। बता देहीं कि कई बार सीएम ठाकरे लोगन से अपील कर चुकल बाने कि यदि कोरोना प्रोटोकॉल के लोग पालन ना करिहें त पूरे राज्य में लॉकडाउन के ऐलान करल जा सकेल

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments