Saturday, May 18, 2024
Homeव्यापारCCD के मालिक वीजी सिद्धार्थ भईले लापता

CCD के मालिक वीजी सिद्धार्थ भईले लापता

कर्नाटक के पूर्व मुख्यमंत्री अउर पूर्व विदेश मंत्री एसएम कृष्णा के दामाद अउर कैफे कॉफी डे (सीसीडी) के मालिक वीजी सिद्धार्थ कल से लापता हवे | पुलिस लगातार उनकर तलाश कर रहल बा | पुलिस के कहनाम बा कि सिद्धार्थ के गुमशुदगी के मामला के रिपोर्ट उनकर ड्राइवर मंगलुरू एक पुलिस स्टेशन में दर्ज करौले बाने | फिलहाल उनकर या उनके शव के तलाश जारी बा | एह घटना के बाद सिद्धार्थ के तरफ से अपने कंपनी के निदेशक मंडल के लिखल गईल एगो पत्र सामने आयिल बा , जेहमे उ लिखले बाने कि एक कारोबारी के तौर पर हम विफल रहली | हम लड़ली लेकिन हार गईलीं | उनके ड्राइवर के बतौला के अनुसार पुलिस आयुक्त संदीप पाटिल कहले कि घटना वाले जगह पर अउर नदी में स्थानीय मछुआरों के मदद से खोजबीन जारी बा |

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments