Saturday, May 18, 2024
Homeअन्यमोबाइल पर 5 घंटे से अधिक समय बितौला पर मोटापा बढले के...

मोबाइल पर 5 घंटे से अधिक समय बितौला पर मोटापा बढले के हवे खतरा

1 हजार छात्र पर कईल शोध के अनुसार सबसे ज्यादा मोटापा बढ़ले के खतरा ओह छात्र में देखे के मिलल जउन 5 घंटा से अधिक मोबाइल इस्तेमाल करत रहे | मोटापा बढ़ले के एगो कारण मोबाइल के ज्यादा इस्तेमाल भी हो सकेला | कैलिफोर्निया के सिमोन बोलिवर यूनिवर्सिटी के हालिया शोध के मुताबिक, दिनभर में मोबाइल के 5 घंटे से अधिक इस्तेमाल कईला पर मोटापा बढ़ले के खतरा 43% तक बढ़ जात हवे ।

शोध में एकर कारण मोबाइल में व्यस्त रहला के बाद फिजिकल एक्टिविटी ना कईला अउर मोबाइल के यूज़ करत समय लेवे वाला फ़ूड कारन हो सकेला | शोधकर्ता अउर हृदय रोग विशेषज्ञ प्रो. मिरेरी मेंटीला-मोरोन के मुताबिक- शोध से इ पता चलला कि मरीज के हाथ में मौजूद फोन ही सेहत खराब कईला में अहम् भूमिका निभावत हवे | लगातार मोटापा बढ़ला पर दिल के खतरा भी बढ़ जाला।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments