Thursday, May 9, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणआज घर से सुनवाई करिहें सुप्रीम कोर्ट के जज, कोर्ट के कई...

आज घर से सुनवाई करिहें सुप्रीम कोर्ट के जज, कोर्ट के कई कर्मी संक्रमित

देशभर में जारी कोरोना (CORONA) के कहर से सर्वोच्च अदालत भी अछूती ना बचल बा। खबर के मुताबिक, देश के सुप्रीम कोर्ट में कई कर्मचारी कोरोना संक्रमित पावल गयल बाने। हालत के ध्यान में रखके अब सुप्रीम कोर्ट के जज फैसला लेले बाने कि उ अपने-अपने घर से वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के जरिए सुनवाई करिहें। संक्रमित पावाल गयल कर्मियन में से कई लोग जज लोगन के दफ्तर से जुड़ल बाने।


जानकारी के मुताबिक, सिर्फ शनिवार के ही सुप्रीम कोर्ट के 44 स्टाफ मेंबर कोरोना संक्रमित पावल गईलें। बता देंही कि सुप्रीम कोर्ट में करीब 3400 स्टाफ मेंबर बाने।


खबर के मुताबिक, सुप्रीम कोर्ट के पूरे परिसर के सैनिटाइज कयल जाई। उहें, सुप्रीम कोर्ट के पीठ अपने निर्धारित समय से एक घंटा के देरी से बैठी।
बता देहीं कि सोमवार के भी भारत में कोरोना (CORONA) के करीब 1 लाख 70 हजार नया मामला सामने आईल, जवन कि महामारी के बाद से अब तक के सबसे बड़ी उछाल बा। वहीं, मौतों के आंकड़ा भी लगातार डरा रहल बा। अकेले सोमवार के ही कोरोना से देशभर में नौ सौ से ज्यादा लोगों दम तोड़ा देलें।

एके भी पड़ीं: देश में कोरोना के 771 वेरिएंट, अब इम्‍युनिटी भी ना कर पा रहल बा वायरस से बचाव

भारत में खतरनाक स्तर पर पहुंचल कोरोना (CORONA)!


देश में पिछले सप्ताह हर दिन औसत 1,24,476 नए कोरोना मामला दर्ज कयल गयल जबकि पहली लहर के दौरान अधिकतम 97 हजार से कुछ अधिक मामला ही एक दिन के भीतर दर्ज कयल गयल रहे। पिछले रविवार यानी 5 अप्रैल के देश में पहली बार 24 घंटों में एक लाख से कुछ अधिक केस दर्ज कयल गयल बा। जेकरे बाद रविवार यानी 11 अप्रैल के सुबह आठ बजे तक 24 घंटा में 1.52 लाख नए केस आयल। इस सप्ताह के सात दिनों में से छह दिनों में रोज एक लाख से ज्यादा संख्या में नए केस दर्ज भायल बा जवान की भारत में अब तक के सर्वाधिक बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments