Monday, April 29, 2024
Homeसमाचार विश्लेषणIPL 2021 : दिल्ली कैपिटल्स के डबल झटका, कोरोना की चपेट में...

IPL 2021 : दिल्ली कैपिटल्स के डबल झटका, कोरोना की चपेट में ई खिलाडी

इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) फ्रैंचाइजी दिल्ली कैपिटल्स (Delhi Capitals) के टूर्नमेंट शुरू होखे से पहिले ही तगड़ा झटका लगल बा। टीम के ऑलराउंडर अक्षर पटेल कोविड-19 पॉजिटिव (Axar Patel COVID-19 Positive) पावाल गयल बाने। एसे पहिले चोट के कारण दिल्ली कैपिटल्स (Delhi Capitals) के कप्तान श्रेयस अय्यर (Shreyas Iyer) आईपीएल (IPL 2021) से बहार हो गईल बाने।

IPL

दिल्ली कैपिटल्स के सूत्रन के हवाले से पता चलल बा की, दुर्भाग्यवश, अक्षर पॉजिटिव पावल गईल बाने। उ ए समय आइसोलेशन में बाने। कोलकाता नाइटराइडर्स (Kolkata Knight Riders) के बल्लेबाज नीतीश राणा (Nitish Rana) के बाद अक्षर पटेल कोरोना से संक्रमितहोखे वाला दूसरा खिलाडी बाने। हालांकि गुरुवार के राणा के कोरोना रिपोर्ट नेगेटिव आईल। राणा 22 मार्च के पॉजिटिव पावल गयल रहलें।

IPL 2021: धोनी देखइलें CSK के नया जर्सी, जडेजा कहलें ई बात

श्रेयस के जगह पंत करिहें कप्तानी
श्रेयस अय्यर इंग्लैंड के खिलाफ घरेलू सीरीज के पाहिले वनडे के दौरान फील्डिंग के समय आपन कंधा चोटिल करा लेलें। श्रेयस के चोटिल कंधा के सर्जरी 8 अप्रैल के होई। दिल्ली कैपिटल्स श्रेयस के जगह ऋषभ पंत के आपना कप्तान बीनईले बा।

वानखेड़े स्टेडियम के 8 ग्राउंड्स स्टाफ कोरोना से संक्रमित
आईपीएल के 10 मुकाबला मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में खेलल जाई। खबर बा कि वानखेड़े के 8 ग्राउंड्स स्टाफ कोरोना से संक्रमित बाने। ए समय कोरोना के ज्यादातर मामला मुंबई अउर महाराष्ट्र से आ रहल बा। टूर्नमेंट के शुरू होखे से पहिले जईसे खिलाड़ी अउर अन्य लोग संक्रमित हो रहल बाने उ बीसीसीआई के चिंता भी बढ़ा रहल बा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments