Monday, April 29, 2024
Homeवीडियोचुनाव कवरेजपश्चिम बंगाल चुनाव: भाजपा मजदूर के पत्नी के बनईलस उम्मीदवार, 31,985 रुपये...

पश्चिम बंगाल चुनाव: भाजपा मजदूर के पत्नी के बनईलस उम्मीदवार, 31,985 रुपये के कुल संपत्ति बा.

पश्चिम बंगाल में 27 मार्च से आठ चरण में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। राज्य में चुनाव जीते के खातिर कुल पार्टि जनता के बीच अपन छाप छोडे के एक भी मौका हाथ से जाए ना देत बानी। कुछ राज्य के सत्ता में काबिज होखे के इच्छा रखे वाली भारतीय जनता पार्टी भी हर संभव प्रयास कर रहल बा। दरअसल, भाजपा राज्य के बांकुरा स्थित सल्तोरा सीट से एक दिहाड़ी मजदूर के पत्नी के टिकट दे दिहले बा। मानल जा रहल बा कि अईसन करे के पीछे भाजपा के उद्देश्य बा कि लोगन में संदेश भेजल जा सके कि आम लोग भी अपने लगन और ईमानदारी से एक नेता बन सकेलन।

भाजपा उम्मीदवार बनले के बाद हाल ही में आपन नामांकन दाखिल करे वाली 30 वर्षीय चंदना बौरी जानकारी देहलीं कि तीन बकरी, तीन गाय, एक झोपड़ी, बैंक में जमा नकद मिलाके उनके पास कुल 31,985 रुपये के संपत्ति बा। वहीं, चंदना के पति सरबन एक राजमिस्त्री बाने। उनके एक दिन के काम के 400 रुपये मिलेला। चंदना भी अपने पति के काम में हाथ बंटावे ली। दोनों मनरेगा कार्ड धारक बाने। चंदना के घर में शौचालय भी ना बा। एकरे अलावा पीए वाला पानी के खातिर नल के व्यवस्था भी नाहीं बा।

चंदना के कहन बा कि, ‘हमहन के शौच के खातिर पास के मैदान तक जाए के होत रहे। पिछले साल हमके 60,000 रुपये के प्रधानमंत्री आवास योजना के पहला किस्त मिलल जेसे दो पक्के कमरा बनल।’ वहीं, अपने उम्मीदवारी पर बात करत उ कहली कि, ‘हमके स्थानीय लोगन से आठ मार्च के अपने उम्मीदवारी के बारे में पता चलल। हम एक गरीब परिवार से बानी। हमके उम्मीदवार बना के भाजपा दिखा देहलस कि एक नेता बने के खातिर आर्थिक स्थिति मजबूत हो ई जरूरी ना बा।’

सत्तारूढ़ पार्टी के बारे में उ कहली, ‘तृणमूल भ्रष्ट बा। टीएमसी कउनो विकास कार्य नाहीं कईले बा, जवन भी पैसा प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के तरफ से कल्याणकारी योजनाओं के खातिर भेजल गईल रहे, उ जेब में रखा जाला। शौचालय से लेकर घर के योजनाओं तक के खातिर लोगन के तृणमूल के लोगन के पैसा देबे के पड़ेला।’ गौरतलब बा कि चंदना जिले में सीनियर भाजपा सदस्य के रूप में जानल जाली।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here

- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments